टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gonda Train Accident: लखनऊ डिवीजन पs आज 6 गो ट्रेन कैंसिल, कइयों के बदलल रूट, जानीं डिटेल

11:19 AM Jul 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पिछला बियफ़ें के यानी 19 जुलाई के गोंडा में भईल दुर्घटना के बाद लखनऊ डिवीजन पs 6 ट्रेन के रद्द कs दिहल गईल बा जबकि बहुत ट्रेन के रूट में बदलाव भईल बा। रेल मंत्रालय इs जानकारी देले बा। एह तरह के ट्रेनन के सूची भी जारी कइल गइल बा। लखनऊ जंक्शन संभाग के 15904 चंडीगढ़-डिब्रुगढ़ एक्सप्रेस के पटरी से उतरला से यातायात बाधित हो गइल बा। अगर आज आपके भी ट्रेन बा तs आपके समस्या के सामना करे के पड़ सकता।

आज इs 6 ट्रेन रद्द हो गईल बा

(1) 12530/29 (LJN-PPTA-LJN) J.C.O 19/07/24 के कैंसिल।

(2) 15069/70 (GKP-ASH-GKP) J.C.O 19/07/24 के कैंसिल।

(3) 05425/26 (BTT-AY-BTT) J.CO 19/07/24 के कैंसिल।

(4) 05031/32 (GD-GKP-GD) J.C.O 19/07/24 के कैंसिल।

(5) 05093/94 (GKP-GD-GKP) J.C.O 19/07/24 के कैंसिल।

(6) 22531/32 (सीपीआर-एमटीजे-सीपीआर) जे.सी.ओ. 19/07/24 के कैंसिल।

एह ट्रेनन के डायवर्ट कs दिहल गइल

*15090 (GTNR-GODA) J.C.O 19/07/24 VIA GD-BNY-GKP

*12531 (GKP-LJN) J.C.O 19.07.24 VIA MUR-AY

*12511 (GKP-KCVL) J.C.O 19.07.24 VIA MUR-AY-BBK

*05053 (GKP-BDTS) J.C.O 19.07.24 VIA BNY-GD

*02569 (DBG-NDLS) J.C.O 19.07.24 VIA BNY-GD

*02563 (BJU-NDLS) J.C.O 19.07.24 VIA BNY-GD

*15273 (RXL-ANVT) J.C.O 19.07.24 VIA BNY -GD

गंतव्य स्टेशन से पहिले टर्मिनेट के गईल ट्रेन

15204 (LJN-BJU) J.C.O 19/07/24 GKP

3 यात्री के मउत अवुरी 30 घायल

पिछला बियफ़ें के यूपी के गोंडा में चंडीगढ़-डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस दुर्घटना में ट्रेन के 8 कोच पटरी से उतर गईल। एs दुर्घटना में तीन लोग के मौत के खबर बा, जबकि करीब 30 लोग घाही बाड़े। घाही के इलाज जारी बा। गोंडा के घटना स्थल पs मरम्मत के काम चल रहल बा। ट्रेन में सवार एगो यात्री के मुताबिक, घटना से पहिले हल्का विस्फोट भईल अवुरी ओकरा बाद तेज झटका लागल अवुरी हमनी के बोगी पटरी से उतर गईल। हम चंडीगढ़ से आवत रहनी। रेल मंत्रालय गोंडा ट्रेन दुर्घटना में मरे वालन के दस लाख रुपिया मुआवजा देबे के एलान कइले बा. गंभीर रूप से घायल यात्री के 2.5 लाख रुपिया अवुरी मध्यम घायल यात्री के 50 हजार रुपिया के आर्थिक सहायता देवे के घोषणा भईल बा।

 

 

Tags :
GondaGonda Train Accidentindian railwaysRailwaytrains
Advertisement
Next Article