टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

SBI ग्राहकन खातिर खुशखबरी, अमृत कलश एफडी में निवेश के समयसीमा बढ़ल

07:59 AM Apr 09, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

SBI के वेबसाइट प देवल गइल जानकारी में बतावल गइल बा कि अमृत कलश एफडी में निवेश की समयसीमा बढ़ाके 30 सितंबर क देवल गइल बा। एह एफडी में 7.60 प्रतिशत तक के ब्याज निवेशक के मिल रहल बा।

Advertisement

भारतीय स्टेट बैंक (SBI) के ओर से अमृत कलश एफडी में निवेश के समयसीमा के बढ़ा देवल गइल बा । अब एह स्पेशल एफडी में रिटेल निवेशक 30 सितंबर, 2024 तक निवेश कर सकत बाड़े। ई बैंक के सबसे ज्यादा ब्याज देवे वाली एफडी हिया। एहमें सामान्य निवेशक के 7.10 प्रतिशत आ वरिष्ठ निवेशक के 7.60 प्रतिशत के ब्याज देवल जा रहल बा।

बैंक के वेबसाइट प देवल गइल जानकारी में बतावल गइल बा कि एसबीआई के 400 दिन के एफडी प 7.1 प्रतिशत के ब्याज देवल जा रहल बा। उहवें, वरिष्ठ नागरिक लोग के 7.60 प्रतिशत के ब्याज ऑफर करल जा रहल बा। एह स्कीम में निवेश के समयसीमा के बढ़ाके 30 सितंबर, 2024 कर देवल गइल बा ।

 

प्रीमैच्योर विड्रॉल

एसबीआई के वेबसाइट प देवल गइल जानकारी में बतावल गइल बा कि एह एफडी में प्रीमैच्योर विड्रॉल करे के भी सुविधा देवल । हालांकि, एकरे खातिर 0.5 प्रतिशत से लेकर 1 प्रतिशत के पेनल्टी के भुगतान करे होइ। एह एफडी में ब्याज के भुगतान मासिक, तिमाही आ अर्धवार्षिक एवं मैच्योरिटी प कइल जाला।

 

एसबीआई एफडी में ब्याज दर 

भारतीय स्टेट बैंक के ओर से एफडी प सामान्य निवेशक के 3.5 प्रतिशत से लेकर 7.1 प्रतिशत के ब्याज देवल जा रहल बा। उहवें, वरिष्ठ निवेशक के 4 प्रतिशत से लेकर 7.50 प्रतिशत तक के ब्याज ऑफर कइल जा रहल बा।

 

एसबीआई एफडी में ब्याज दर 

भारतीय स्टेट बैंक की ओर से एफडी प सामान्य निवेशक के 3.5 प्रतिशत से लेकर 7.1 प्रतिशत के ब्याज देवल जा रहल बा। उहवे, वरिष्ठ निवेशक के 4 प्रतिशत से लेकर 7.50 प्रतिशत तक के ब्याज ऑफर कइल जा रहल बा।

 

एसबीआई एफडी रेट्स 

~7 दिन से लेकर 45 दिन - 3.5 प्रतिशत

~46 दिन से लेकर 179 दिन - 4.75 प्रतिशत

~180 दिन से लेकर 210 दिन - 5.75 प्रतिशत

~211 दिन से लेकर 1 साल से कम - 6 प्रतिशत

~1 साल से लेकर 2 साल से कम - 6.8 प्रतिशत

~400 दिन की एफडी - 7.1 प्रतिशत

~साल से लेकर 3 साल से कम - 7 प्रतिशत

~3 साल से लेकर 5 साल से कम - 6.75 प्रतिशत

~5 साल से लेकर 10 साल तक -6.5 प्रतिशत

बैंक द्वारा अपना सब एफडी प वरिष्ठ नागरिक लोग के 0.50 प्रतिशत के अतिरिक्त

ब्याज देवल जा रहल बा।

Tags :
Amrit kalash fdBANK ACCOUNTBank FDBhojpuri khabarBhojpuri news updatefKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriSBI
Advertisement
Next Article