For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

RRB Exam Calendar 2025: रेलवे के तैयारी कs रहल उम्मीदवारन खातिर खुशखबरी! अगिला साल खातिर जारी भइल कैलेंडर

05:46 PM Oct 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
rrb exam calendar 2025  रेलवे के तैयारी कs रहल उम्मीदवारन खातिर खुशखबरी  अगिला साल खातिर जारी भइल कैलेंडर
Advertisement

RRB Exam Calendar 2025: रेल मंत्रालय, भारत सरकार आरआरबी परीक्षा कैलेंडर 2025 जारी कs देले बा। भर्ती कैलेंडर सब रेलवे भर्ती बोर्ड (RRB) के एगो पत्र के रूप में जारी कइल गइल बा, जे सहायक लोको पायलट, तकनीशियन, NTPC, पैरामेडिकल श्रेणियन आदि जइसन अलग-अलग पदन खातिर भर्ती करी।

Advertisement

असिस्टेंट लोको पायलट भर्ती 2025 खातिर जनवरी में अधिसूचना जारी कइल जाई। ओहिजा, टेक्नीशियन भर्ती 2025 खातिर मार्च, एनटीपीसी, जेई पैरामेडिकल श्रेणी खातिर जून 2025 आ सितंबर में लेवल 1 भर्ती के अधिसूचना जारी कइल जाई।

 एह महीना जारी होई अधिसूचना

भर्ती खातिर श्रेणीड्राफ्ट सीईएन खातिर प्रस्ताव
असिस्टेंट लोको पायलटजनवरी 2025
टेक्नीशियनमार्च 2025
एनटीपीसी, जेई, पैरामेडिकल श्रेणीजून 2025
लेवल-1, मिनिस्ट्रियल एंड आईसोलेटेड श्रेणीसितंबर 2025
Tags :
Advertisement