टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिना ड्राइवर 78 किमी. दउड़ल मालगाड़ी: ड्राइवर स्टार्ट कs के हैंडब्रेक लगावल भूलाइल, जम्मू से पंजाब पहुंचल ट्रेन, लकड़ी के स्टॉपर लगाके रोकल गइल 

03:06 PM Feb 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जम्मू-कश्मीर के कठुआ से मालगाड़ी (14806R) बिना ड्राइवर-गार्ड के चल के पंजाब पहुंच गइल। करीब 78 किलोमीटर तक मालगाड़ी अइसही दउड़त रहल। होशियारपुर के ऊंची बस्सी रेलवे स्टेशन पs लकड़ी के स्टॉपर लगाके ओकरा के रोकल गइल। घटना के बाद रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव जांच के आदेस देले बाड़ें।

Advertisement

कठुआ रेलवे स्टेशन पs ड्राइवर मालगाड़ी के इंजन स्टार्ट कs के बिना हैंड ब्रेक लगवले नीचे उतर गइल रहे। पठानकोट के तरफ ढलान होखे के वजह से मालगाड़ी चल पड़ल।

रेलवे के अधिकारियन के मालगाड़ी के चले के पता चलल तs ओकरा के कठुआ रेलवे स्टेशन पs रोके के कोसिस कइल गइल, बाकिर ऊ सफल ना भइल। कुछ देर में मालगाड़ी रफ्तार पकड़ लेलस। देखते देखत मालगाड़ी के रफ्तार 80/KM प्रति घंटा तक पहुंच गइल

कइयन स्टेशनन पs रोके के कोसिस कइल गइल

कठुआ रेलवे स्टेशन के अधिकारी तुरंत पंजाब के पठानकोट में सुजानपुर रेलवे स्टेशन के रेलवे अधिकारियन से संपर्क कइल लो। उहवों ट्रेन के रोके के कोसिस कइल गइल। रेलवे लाइन पs स्टॉपर लगावल गइल। अबकियो बेर कोसिस विफल रहल आ मालगाड़ी स्टेशन क्रॉस कs गइल। एकरा बाद मालगाड़ी के पठानकोट कैंट, कंडरोड़ी, मीरथल, बंगला आ मुकेरियां में रोके के कोसिस कइल गइल।

धीरे-धीरे मालगाड़ी के रफ्तार कम होत चल गइल। आखिर में होशियारपुर के ऊंची बस्सी रेलवे स्टेशन पs लगावल गइल लकड़ी के स्टॉपर से मालगाड़ी रुक गइल।

रेलवे ट्रैफिक मैनेजर बोलले- जांच सुरू 

जम्मू रेलवे डिवीजन ट्रैफिक मैनेजर बतवलें कि घटना के कारण जाने के कोसिस कइल जा रहल बा। भविष्य में एह तरे के घटनन के रोके खातिर कवनो संभावित सुरक्षा चूक के पहचान करे खातिर ममिला के जांच सुरू कs दिहल गइल बा। अधिकारी अइसन घटनन से बचे खातिर सख्त सुरक्षा प्रोटोकॉल लागू करे, नियमित रखरखाव जांच आ उचित ट्रेन ब्रेक आ सिग्नलिंग सिस्टम सुनिश्चित करे जइसन एहतियाती कदम उठा रहल बा लो।

Tags :
Bhojpuri NewsGoods Trains Run without DriverInvestigation Is OnKashmirPunjab
Advertisement
Next Article