Google for India 2024: तीन अक्तूबर के होई गूगल के मेगा इवेंट, भारत में एआई के लेके हो सकत बा बड़ घोषणा
गूगल फॉर इंडिया 2024 (Google for India 2024) इवेंट 3 अक्तूबर के होखे जा रहल बा। एकरा खातिर मीडिया इनवाइटो भेजल गइल बा। गूगल फॉर इंडिया के ई 10वां एडिशन हs। गूगल हर साल गूगल फॉर इंडिया इवेंट के आयोजन करेला।
एह साल गूगल फॉर इंडिया इवेंट के सुरुआत 3 अक्तूबर सबेरे 11:30 बजे होई। गूगल इंडिया अपना एक्स हैंडल से इवेंट के जानकारी देले बा। पोस्ट में बाइनरी कोड में "Google for India - October 3rd," लिखल बा। एह इवेंट में भारतीय यूजर्स खातिर एआई के लेके कुछ एक्सक्लूसिव घोषणा हो सकत बा।
PFA - Your invite to the 10th edition of #GoogleForIndia, happening on October 3rd 💌
Join us as we bring the best of our AI and technologies to drive India-scale impact 🇮🇳 pic.twitter.com/3zS9xMpGys
— Google India (@GoogleIndia) September 28, 2024
Google for India, गूगल के प्रमुख इवेंट हs जेमे कंपनी भारत में डिजिटल प्रगति के बढ़ावा देवे के उद्देश्य से आपन नया-नया इनोवेशन के साझा करेले। एह इवेंट में आमतौर पs भाषा अनुवाद, डिजिटल भुगतान, स्थानीय व्यवसायन के समर्थन, शिक्षा आ सरकार के संगे रणनीतिक साझेदारियन से संबंधित घोषणा कइल जाला, जवन देस के डिजिटल इकोसिस्टम के सशक्त बनावे के दिशा में होला।
Join us on October 3rd at 11:30 am, for the 10th edition of #GoogleForIndia, as we bring the best of our AI and technologies to drive India-scale impact 💙https://t.co/BcOqMVmbu5. pic.twitter.com/JGdjaJgOPl
— Google India (@GoogleIndia) October 1, 2024
एह साल के घोषणा के बारे में गूगल अभी ले कवनो जानकारी नइखे देले बाकिर, बाकिर उम्मीद बा कि Google पिछला साल के महत्वपूर्ण घोषणा के आगे बढ़ावत भारत के डिजिटल परिदृश्य के लेके कवनो बड़ घोषणा कs सकत बा।