टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Google: गूगल करे जा रहल बा बड़ बदलाव, नजर ना आई आइकॉनिक सर्च बटन

02:38 PM Aug 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

गूगल अपना ऐप में कुछ महत्वपूर्ण बदलाव करे के योजना बनावता, जवना के बाद एंड्रॉयड डिवाइस पs देखाई देवे वाला नीचे के सर्च बार के हटावल जा सकता। इ बदलाव कंपनी के ओर से जेमिनी एआई से चलेवाला खोज में नाया फीचर जोड़े के कोशिश के बीच भइल बा।

Advertisement

एह अपडेट के पहिला जानकारी टिपस्टर असेंबली डीबग (एंड्रॉयड हेडलाइन) द्वारा गूगल के एंड्रॉयड संस्करण 15.32.37.28.arm64 के बीटा एप में मिलल रहे। रिपोर्ट के अनुसार, गूगल कई लेआउट पs काम कर रहल बा जवना में निचला हिस्सा में सर्च बार नइखे।

हालांकि गूगल आधिकारिक तौर पs ए बदलाव के पुष्टि नइखे कइले आ ना सर्च बार के हटावे के कवनो कारण बतवले बा, बाकिर टिपस्टर के कहनाम बा कि, नया यूआई बदलाव डेटा एनालिसिस के चलते होखता। एकर मतलब इहो नइखे कि गूगल ऐप में सर्च बार पूरा तरीका से खतम हो जाई।

नया अपडेट के असर खाली डिस्कवर सेक्शन भा संग्रह ब्राउज पs लउकी। संभव बा कि खोज विजेट उपलब्ध रही आ पहिले के तरे काम करी। इ नया बदलाव गूगल के प्ले स्टोर में डिजाइन में बड़ बदलाव कइला के बाद भइल बा, जवना में स्क्रीन के सर्च बार हटा के नीचे एगो नाया सर्च टैब जोड़ल गइल बा।

हाल ही में 9to5Google एगो रिपोर्ट में कहलस कि गूगल एगो नाया अपडेट पेश कर रहल बा, जवना से यूजर के एंड्रॉयड प सर्च बार विजेट के कस्टमाइज करे के क्षमता सीमित हो जाई। इ अपडेट सबसे पहिले पिक्सेल अवरू सैमसंग डिवाइस पs जारी कईल जाई।

Tags :
Bhojpuri technology newsgoogle newsGoogle Search EngineGoole updatetechnology
Advertisement
Next Article