For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Google Gmail पs मेल के रिप्लाई कइल भइल आसान, बिना नया स्क्रीन ओपन कइले होई अब काम

07:00 PM Aug 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
google gmail पs मेल के रिप्लाई कइल भइल आसान  बिना नया स्क्रीन ओपन कइले होई अब काम
Advertisement

गूगल के ईमेल सर्विस जीमेल के इस्तेमाल करत बानी तs ई जानकारी राउर दिल खुस कs सकत बा। कंपनी अपना एंड्रॉइड यूजर्स खातिर एगो नया सुविधा पेश कs रहल बिया। Google Workspace webpage के लेटेस्ट ब्लॉग में दिहल गइल जानकारी के मोताबिक, कंपनी अपना जीमेल यूजर्स खातिर एंड्रॉइड डिवाइस पs मेल के रिप्लाई कइल आसान बना रहल बा। यूजर्स के ईमेल के रिप्लाई करे खातिर अब अलग से एगो नया स्क्रीन ओपन करे के जरूरत ना होई। ऊ ईमेल के रिप्लाई कनवर्सेशन के बॉटम से ही कs सकी लो।

Advertisement

अभी ओपन करे के पड़ेला नया स्क्रीन

अभी के बात करी तs जीमेल एप पs कवनो मेल के ओपन कइला के बाद Reply, Reply All, Forward जइसन ऑप्शन मेल के नीचे नजर आवेला। एह ऑप्शन में से कवनो एगो के सेलेक्ट कइला के बादे रिप्लाई खातिर फुल स्क्रीन कम्पोज व्यू पॉप अप होला।

मेल के रिप्लाई कइल भइल अब आसान

नया अपडेट के बाद जीमेल एंड्रॉइड यूजर्स कवनो मेल के स्क्रॉल डाउन कs के बॉटम पs अइला के बाद रिप्लाई खातिर सीधही आपन मेल ड्राफ्ट कs सकी लो।

ब्लॉग पोस्ट में गूगल के अपना जीमेल एंड्रॉइड यूजर्स से कहनाम बा कि आज से रउआ ईमेल के रिप्लाई कनवर्सेशन के ठीक नीचही से कइल जा सकी। एकरा खातिर रउआ अलग से नया स्क्रीन ओपन करे के जरूरत ना होई। हमनी के जानत बानी सs कि ई नया ऑप्शन रउआ खातिर क्विक, लाइटवेट आ फॉर्मल रिस्पॉन्स के लेके खास होई। रउआ टेक्स्ट बॉक्स के एक्पैंड कs के फॉरमैटिंग के नया ऑप्शनो एक्सेस कs सकत बानी।

Tags :
Advertisement