For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Private Space: गूगल में आ रहल बा एगो नया फीचर, दोस्तन से छिपा सकेंनी फोन के एप्स

09:44 AM Dec 13, 2023 IST | Minee Upadhyay
private space  गूगल में आ रहल बा एगो नया फीचर  दोस्तन से छिपा सकेंनी फोन के एप्स
Advertisement

Advertisement

अब गूगल एगो प्राइवेट स्पेस फीचर पs काम कs रहल बा। ए फीचर के शुरूआत के बाद एंड्रॉयड यूजर आपन फोन के ऐप के अपनी फोन में छिपा सकेले। सैमसंग के फोन में ए प्रकार के फीचर पहिलही से उपलब्ध बा जवन कि सिक्योर फोल्डर के नाम से आवेला।

रिपोर्ट के मुताबिक फिलहाल ए फीचर के परीक्षण कईल जाता। हो सकता कि एकरा के Android 14 QPR2 के अपडेट के संगे जारी कईल जा सकता। इ नाया फीचर बीटा वर्जन के प्राइवेसी अवरू सिक्योरिटी सेटिंग में देखल गईल बा।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि ए फीचर के शुरूआत के बाद यूजर पिन चाहे बायोमेट्रिक के माध्यम से फोन के निजी जगह पs अपना कवनो ऐप के लॉक कs सकतारे। इहाँ ध्यान देवे वाला बात इ बा कि जदी आप कवनो ऐप के प्राइवेट स्पेस फोल्डर में लॉक कs देनी तs ओ ऐप के नोटिफिकेशन भी लॉक हो जाई।

ए फीचर के अईला के बाद आप आपन फोन केहु अवुरी के सौंप सकतानी। लॉक कईला के बाद आपके ऐप केहु ना देख पाई। बतावल जाता कि इ नाया फीचर एंड्रॉयड 15 के संगे सभके खातीर जारी कईल जा सकता।

Tags :
Advertisement