For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस खातिर दुनिया में गुगल के 'Gemini AI' लॉन्च, जानीं खासियत

05:21 PM Dec 07, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस खातिर दुनिया में गुगल के  gemini ai  लॉन्च  जानीं खासियत
Advertisement

गूगल (Google) आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) के क्षेत्र में आपन नया पहचान बनावे खातिर नया कदम उठवले बा।

Advertisement

गूगल आपन सबसे बड़ आ सबसे सक्षम AI मॉडल “Gemini AI” पेश कइले बा। Google के ‘Gemini AI’ मॉडल के खासियत ना खाली ओकर तकनीकी श्रेष्ठता में बा, बलुक अलग-अलग क्षेत्रन में काम करे के क्षमता रखत बा।

जइसे कि टेक्स्ट, कोड, ऑडियो, इमेज आ वीडियो। एह नया मॉडल के उपयोग बड़ से बड़ वैज्ञानिक आ तकनीकी प्रयोग में सहायक सिद्ध होई। चलीं एकरा बारे में विस्तार से जानल जाव:-

Google, OpenAI आ Meta के देलस टक्कर: 

Google के ‘Gemini AI’ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के क्षेत्र में पैदा होखे वाली नया संभावनान के बीच खुद के लीडर बना के रखे के प्रयास हs।

ऐसे ओकर प्रतिद्वंदी OpenAI के GPT-4 आ Meta के Llama 2 के संगे तुलना करत देखल जा रहल बा। गूगल महत्वपूर्ण डेग उठावत आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के क्षेत्र में आपन क्षमता के दमदार प्रदर्शन कइले बा।

गूगल के नया डिवीजन ‘डीपमाइंड’ के पहिला एआई मॉडल: 

गूगल के नया डिवीजन ‘डीपमाइंड’ Google के ‘Gemini AI’ के विकसित कइले बा।। गूगल ब्रेन के संगे अल्फाबेट के पहिला एआई मॉडल बन गइल बा। ई गूगल के AI अनुसंधान में मील के पत्थर साबित हो सकत बा।

Gemini AI के विशेषता

Gemini AI के एहिसे विशेष बतावल जा रहल बा काहेकि ई एक समय में कइयन प्रकार के काम कs सकत बा। ई टेक्स्ट, कोड, ऑडियो, इमेज आ वीडियो पs काम कs सकत बा।

Google के Gemini AI 3 साइज में उपलब्ध:

Google एह AI मॉडल के तीन आकारन में प्रस्तुत कइल गइल बा:

  • Gemini Ultra – गूगल का सबसे बड़ा और सबसे कठिन कामों के लिए क्षमताओं से भरपूर मॉडल।
  • Gemini Pro – गूगल का सर्वोत्तम मॉडल, जो टास्क को एक बड़े सीमा में स्केल करने में शुरूआत करता है।
  • Gemini Nano – गूगल का सबसे कुशल मॉडल, जो ऑन-डिवाइस कामों के लिए बनाया गया है।

ह्यूमन एक्सपर्ट्स से बा बेहतर

Gemini AI MMLU बेंचमार्क पs ह्यूमन एक्सपर्ट्स से बेहतर प्रदर्शन करत बा। ई 57 विषयन के कॉम्बिनेशन के इस्तेमाल कs के विश्व ज्ञान आ समस्या समाधान क्षमतन के मूल्यांकन करत बा।

सुंदर पिचई कहलें

गूगल के सीईओ सुंदर पिचई ‘Gemini 1.0’ के लेके कहलें कि एकरा के अलग-अलग साइज खातिर ऑप्टिमाइज कइल गइल बा। जइसे की अल्ट्रा, प्रो, नैनो आ एकरा के अलग-अलग तरे के प्रकार के टास्क के पूरा करे खातिर तइयार कइल गइल बा।

ऊ कहलें कि ई नया मॉडल हमनी कावर से कइल गइल सबसे बड़ वैज्ञानिक आ इंजीनियरिंग संबंधी प्रयासन के लेके उत्साहित करत बा। हमनी के एह क्षमता के ओर एगो डेग आउर बढ़े खातिर प्रेरित करत बा।

एकरा संगही, सुंदर पिचई उज्ज्वल भविष्य के राह में गूगल के नेतृत्व में आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के क्षेत्र में नया स्तरन तक पहुंचे के प्रतिबद्धता के दर्शावत बा।

कहलें कि, “ Google के Gemini AI एह युग के पहिला मॉडल हs। एह विजन के साकार करे के पहिला डेग हमनी के एह साल के सुरुआत में गूगल डीपमाइंड के गठन कs के कइले  बानी सs।”

Tags :
Advertisement