For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गूगल मैप्स के मदद से सफर में बचा सकऽ तानी पइसा, जानीं फीचर के डिटेल

07:56 PM Oct 09, 2024 IST | Sonu Kishor
गूगल मैप्स के मदद से सफर में बचा सकऽ तानी पइसा  जानीं फीचर के डिटेल
Google maps
Advertisement

लोग अक्सर नेविगेशन खातिर गूगल मैप के सहारा लेला। रउआ कवनो समय गूगल मैप के माध्यम से कवनो अनजान रास्ता के जानकारी मिलल होई। इहो संभव बा कि कई बेर रउआ गूगल मैप पऽ मॉल आ रेस्तरां के रेटिंग देख के ओमें गइल होखीं। अइसना में का रउवा गूगल मैप के सभ फीचर के बारे में जानत बानी, तऽ जवाब शायद ना होई। जी हाँ, गूगल मैप के एह फीचर के बारे में बहुत लोग के पता नइखे, जवना के माध्यम से पइसा बचा सकऽतानी।

Advertisement

गूगल एगो बड़ टेक कंपनी हऽ, एकरा फोन में बहुत ऐप के इस्तेमाल होखेला। गूगल मैप एगो ऐप हऽ, जवन कि उपयोगकर्ता खाती बहुत उपयोगी साबित हो सकऽता। बाकिर अधिकांश लोग के ई सुविधा के बारे में पता नइखे। असल में गूगल मैप के माध्यम से ड्राइवर गाड़ी के ईंधन आ पइसा दुनो के बचत कऽ सकतारे।

गूगल मैप ना खाली लोग के रूट के बारे में बतावेला, बलुक दोसरो तरीका से मदद करेला। जइसे कि गाड़ी से कवन रास्ता तय कइल बेहतर होई? साथही कवना रास्ता से ईंधन के खपत में कमी आई? हऽ, जब दूरी कम हो जाला तऽ एकर सीधा असर ईंधन के खपत पऽ पड़ेला। जदि गाड़ी में ईंधन के खपत कम बा तऽ जाहिर बा कि आपके पइसा के बचत होई।

ए तरे करीं रास्ता के चयन

दिग्गज टेक कंपनी गूगल के इ लोकप्रिय ऐप ड्राइवर खाती बहुत फायदेमंद साबित हो सकऽता। गूगल मैप पऽ आपन रूट चुनत घरी कार ड्राइवर के एगो बात के ध्यान में राखे के होई। अगर ड्राइवर अपना निजी गाड़ी में सफर करत बा तऽ ओकरा सबसे तेज रास्ता भा सस्ता रास्ता चुने के पड़ी।

गूगल मैप में सबसे सस्ता रूट चुनला के बाद रउआ ओह रूट के बारे में पूरा जानकारी मिल जाई। जहाँ टोल ना देबे के पड़ी।अगर रउआ यात्रा करत घरी टोल टैक्स देबे से परहेज करीं तऽ जाहिर बा कि रउआ बहुते फायदा हो सकेला।

Tags :
Advertisement