टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Google Photos: गूगल अइसन फीचर जारी कईलस कि कुछ लोग एकरा बारे में जानला के बाद नाराज हो जइहे

08:18 AM May 04, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

एह नया फीचर के इस्तेमाल करत जदी रउरा केहू के फोटो मेमोरी से छिपा दीं त ऊ फोटो से गायब ना होखी, बलुक खाली छिपल रही । अइसने में बड़ फायदा इ बा कि केहु के फोटो बिना डिलीट कइले हटा सकतानी।

Advertisement

गूगल अपना गूगल फोटो ऐप खातिर एगो बड़ अपडेट जारी कइले बा। गूगल फोटो के ए अपडेट के बाद आप ओ लोग के चेहरा छुपा सकतानी, जेकरा के याददाश्त में देखल पसंद नइखी करत। गूगल फोटो में "लोग आ पालतू जानवर(pet )के छिपाई" के विकल्प आइल बा।

एह नया फीचर के इस्तेमाल करत जदी रउरा केहू के फोटो मेमोरी से छिपा दीं त ऊ फोटो से गायब ना होखी, बलुक खाली छिपल रही । अइसने में बड़ फायदा इ बा कि केहु के फोटो बिना डिलीट कइले हटा सकतानी।

एंड्रॉयड अथॉरिटी के रिपोर्ट के मुताबिक, इ फीचर गूगल फोटो के वर्जन v6.81.0.628906483 प देखल गइल बा। पहिले गूगल फोटो में ब्लॉक फेस के विकल्प रहे आ इ नाया फीचर एकर अपग्रेड वर्जन बा।

इ नाया फीचर इंसान आ पालतू जानवर के सपोर्ट करी, हालांकि इ फीचर अपने आप चालू ना होई। सेटिंग में जाके चालू करे के पड़ी। एकरा खातिर रउरा सेटिंग्स > प्रायोरिटी > मेमोरी > लोग आ पालतू जानवर छिपाईं में जाए के पड़ी ।

फिलहाल ए फीचर के बीटा टेस्ट कइल जाता आ कुछ हफ्ता में एकरा के सभके खातीर जारी कइल जाई। बता दीं कि गूगल अपना गूगल फोन ऐप खातिर एगो नाया फीचर प भी काम करतिया, जवना के बाद यूजर कॉलिंग के दौरान ऑडियो इमोजी के इस्तेमाल क सकतारे।

Tags :
Bhojpuri khabarBhojpuri news updateBhojpuri updateBing new updategooglegoogle appgoogle photosGoogle Photos appKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article