टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Google Pixel 9 Series: भारत में गूगल पिक्सेल 9 सीरीज के लॉन्चिंग डेट के पुष्टि, संभावित फीचर के बारे में जानि

12:39 PM Jul 30, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

गूगल पिक्सेल 9 के अलावे पिक्सेल 9 प्रो अवरू पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड भी लॉन्च कइल जाई। पिछला साल गूगल पिक्सेल 8 प्रो अवरू पिक्सेल फोल्ड लॉन्च कइले रहे। पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड के भारतीय बाजार में पहिला बेर पेश कइल जाई।

Advertisement

भारत में गूगल पिक्सेल 9 सीरीज के लॉन्च होखे के पुष्टि हो गइल बा। मेड बाय गूगल इवेंट में गूगल पिक्सेल 9 के लॉन्च कइल जाई। ई आयोजन 13 अगस्त के होखी । एह इवेंट में गूगल के चार गो नया पिक्सेल लॉन्च करे के उमेद बा ।

बतावल जाता कि गूगल पिक्सेल 9 के अलावे पिक्सेल 9 प्रो आ पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड भी लॉन्च होई। पिछला साल गूगल पिक्सेल 8 प्रो आ पिक्सेल फोल्ड लॉन्च कइले रहे। पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड के भारतीय बाजार में पहिला बेर पेश कइल जाई।

गूगल पिक्सेल 9 सीरीज के एगो वेब पेज भी एगो ई-कॉमर्स साइट पs लाइव हो गइल बा। गूगल के मेड बाय गूगल इवेंट भारत में 13 अगस्त के होई आ फोन के बिक्री 14 अगस्त से शुरू होई।

एकरा अलावे एगो नाया फोन पिक्सेल 9 प्रो एक्सएल के लॉन्च होखे के खबर बा। पिक्सेल 9 प्रो आ पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड के गूगल इंडिया वेबसाइट पs सूचीबद्ध कइल गइल बा। एकरा खातिर यूजर साइन अप कर सकेलें ।

पिक्सेल 9 प्रो, पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड के लीक स्पेसिफिकेशन

पिक्सेल 9 प्रो 6.3 इंच के डिस्प्ले के संगे आई। एकरा अलावे ए फोन में 16जीबी रैम दिहल जाई। पिक्सेल 9 प्रो फोल्ड में 6.3 इंच आ 8 इंच के मुख्य डिस्प्ले दिहल जाई। एकरा अलावे एकरा में 16जीबी रैम दिहल जाई। दुनो फोन में टेंसर जी4 प्रोसेसर होई।

पिक्सेल 9 प्रो में पीछे के तीन कैमरा हो सकता, जवना में प्राथमिक लेंस 50 मेगापिक्सेल आ बाकी दु लेंस 48-48 मेगापिक्सेल के होई। आगे 42 मेगापिक्सेल के कैमरा मिल सकता।

Tags :
Bhojpuri khabarBhojpuri technology newsBudget Smartphonesgoogle pixel 9 seriesgoogle Pixel Google Pixel Launch in India Upcoming smartphonegoogle pixel phoneskhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialMobileMobile launch in indiatechnical news
Advertisement
Next Article