टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Google बदली Gmail के पॉलिसी, अप्रैल 2024 से कम होई फालतू ईमेल्स के संख्या

11:33 AM Feb 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

गूगल के ईमेल सेवा यानी जीमेल के इस्तेमाल करे वाला यूजर अक्सर स्पैम मेल से परेशान होखेले। जीमेल के इनबॉक्स हजारन स्पैम मेल से भर जाला जवना के यूजर खातिर कवनो फायदा ना होला आ आसानी से हटावल ना जाला। अयीसना में जीमेल यूजर खातीर आपन स्पैम पॉलिसी अपडेट कs देले बा।जीमेल के एह नया नीति के चलते यूजर के आवे वाला स्पैम मैसेज में कमी आई। गूगल अप्रैल 2024 से धीरे-धीरे एह नीति के लागू करे वाला बा, जवना के चलते एकर सीधा असर ओ मार्केटिंग एजेंसी पs पड़ी जवन कि सेवा चाहे उत्पाद के प्रचार खातीर सीधा ईमेल भेजत बाड़ी।

Advertisement

जीमेल के नया नीति
ई घोषणा गूगल अपना ईमेल सेंडर गाइडलाइन FAQ में कइले बा। अब जीमेल ओह प्रेषक के ईमेल के प्रमाणित कs दी जे हर दिन पाँच हजार से अधिका ईमेल भेजत बा। कंपनी इहो चाहत बिया कि यूजर के ओह न्यूजलेटर, प्रचार वगैरह से सदस्यता रद्द करे में आसानी होखे जवना से ओह लोग के इनबॉक्स में ईमेल के बाढ़ आ जाला।

नयका नियम के तहत बल्क सेंडर के ईमेल के जीमेल के सेंडर गाइडलाइन के मुताबिक प्रमाणित कईल जाई।  अगर कवनो प्रेषक के बहुते संख्या में गैर जरूरी ईमेल भेजत पावल जाव तs ओह ईमेलन के कुछ हिस्सा जीमेल खारिज कर दी। गूगल स्पैम के छाने के प्रतिशत नइखे बतवले बाकिर कंपनी थोक भेजे वालन के साफ चेतावनी दिहले बिया कि ऊ लोग अपना स्पैम दर पs नजर राखे।

जीमेल यूजर्स के नया सुविधा मिली

जीमेल के पता चल जाई जब यूजर कवनो खास प्रेषक के ईमेल के अनदेखी करीहें।  एह डेटा के इस्तेमाल करत कंपनी एह बात पs नजर राखी कि कवन थोक प्रेषक गैर जरूरी ईमेल भेजत बा। अब ले जीमेल खाली यूजर के भेजत लोग से सदस्यता रद्द करे के सुझाव देत रहे, लेकिन अब जीमेल के नाया नीति में अयीसन फालतू ईमेल के उनुका इनबॉक्स में ना पहुंचे दिहल जाई।

Tags :
EmailGmailgoogleGoogle PolicyGoogle Update
Advertisement
Next Article