For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gopalganj News: चलत कार पऽ पलटल सीमेंट लदल ट्रक, महिला दारोगा आ चालक के मौत; पुलिस डिपार्टमेंट में हड़कंप

01:54 PM Jul 05, 2024 IST | Sonu Kishor
gopalganj news  चलत कार पऽ पलटल सीमेंट लदल ट्रक  महिला दारोगा आ चालक के मौत  पुलिस डिपार्टमेंट में हड़कंप
Advertisement

Gopalganj News: गोपालगंज में बियफे के चलत कार पs सीमेंट लदल ट्रक पलट गइल। एह भीषण सड़क हादसा में महिला दारोगा आ चालक के मौत हो गइल। ई हादसा सदौवां में सर्वोदय उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज के लगे भइल। मृतक दारोगा सतिभा कुमारी बेगूसराय जिला के नीमा चांदपुरा थाना क्षेत्र के परना गांव के निवासी रहली। पुलिस मामला में तफ्तीश शुरू कऽ देले बिया।

Advertisement

बियफे के भोरे सीमेंट के बोरियन से लदल एगो ट्रक अनियंत्रित होके कार पs पलट गइल। एकरा से कार में सवार महिला दारोगा सतिभा कुमारी आ निजी चालक के मौत हो गइल। क्रेन के मदद से देर शाम दुनु शव के बाहर निकालल गइल।

जिला के सिधवलिया थाना क्षेत्र के सदौवां में सर्वोदय उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज के सामने एनएच-27 पs ई हादसा भइल बा।

कइले भइल इ हादसा

जानकारी के अनुसार, सिधवलिया थाना के महिला हेल्प डेस्क के इंचार्ज दारोगा सतिभा कुमारी निजी कार से निजी चालक सिधवलिया थाना क्षेत्र के ब्रह्मपुरवा शेर निवासी मंजय कुमार के साथे न्यायालय संबंधित कार्य खातिर कार से गोपालगंज शहर आवत रहली।

हादसा में दुनु दब गइले, पुलिस महकमा में हड़कंप

एही बीच सिधवलिया थाना क्षेत्र के सदौवां में सर्वोदय उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज के सामने एनएच-27 पs अनियंत्रित सीमेंट लदल ट्रक उनकर कार पs पलट गइल। एह हादसा में दुनु जना दब गइलें।

उहे, देर शाम तक दारोगा आ निजी चालक के लापता होखे के सूचना पs पुलिस महकमा में हड़कंप मच गइल।

देर शाम क्रेन के मदद से ट्रक के हटावल गइल तऽ दुनु शव बरामद भइल। मृतक दारोगा सतिभा कुमारी बेगूसराय जिला के नीमा चांदपुरा थाना क्षेत्र के परना गांव के निवासी रहली।

Tags :
Advertisement