टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Railway News: अगिला बरिस भटनी से प्रयागराज तक डबल लाइन पs दउड़ी ट्रेन, आगरा तक चली पूजा स्पेशल

12:28 PM Sep 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पूर्वोत्तर रेलवे के ट्रेन अगिला साल से भटनी से प्रयागराज तक डबल लाइन (दोहरीकरण) पs दउड़ी। भटनी से औड़िहार तक 117 किमी रेल लाइन पs लगभग 60 किमी लाइन के दोहरीकरण पूरा हो गइल बा। बाकी 57 किमी के दोहरीकरण के काम तेज बा। तुर्तीपार स्टेशन के लगे सरयू नदी पs पुल के निर्माण चल रहल बा।

Advertisement

बनारस से प्रयागराज तक डबल लाइन पहिलही बिछ चुकल बा। झूसी से प्रयागराज के बीच गंगा पुल के निर्माण अंतिम चरण में बा। दिसंबर 2024 तक इहो पुल खुल जाई। महाकुंभ में प्रयागराज तक ट्रेनन के संचालन आउर सुगम हो जाई।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के मोताबिक भटनी-औड़िहार खंड (117 किमी) दोहरीकरण परियोजना के अंतर्गत किड़िहरापुर-इन्दारा (12.98 किमी),सादात-औड़िहार (18.21 किमी), भटनी-पिवकोल (5.25 किमी), बेलथरा रोड-किड़िहरापुर (13.85 किमी) सहित अब तक कुल 50.29 किमी काम पूरा हो गइल बा।

जखनिया-सादात- पिपरीडीह- दुल्लहपुर (39.18 किमी) आ पिवकोल-सलेमपुर-लार रोड-बेलथरा रोड (27.53 किमी) के दोहरीकरण के कार्य विद्युतीकरण सहित प्रगति पs बा, जवना के पूरा हो गइला पs भटनी-औड़िहार (117 किमी) पूरा रेल खंड दोहरीकृत हो जाई। दोहरीकरण परियोजना के कुल लागत 2529.46 करोड़ रुपिया बा। साल 2024- 25 के बजट में एह परियोजना के पूरा करे खातिर 413.33 करोड़ के आवंटन कइल गइल बा।

दोहरीकरण के काम पूरा हो गइला पs ट्रैक क्षमता बढ़ जाई। ट्रेनन के समय पालन दुरुस्त होई। यात्रियन के मांग के अनुसार आउर अतिरिक्त गाड़ी चलावल जा सकी। एह क्षेत्र के आर्थिक विकास होई।

गोरखपुर के रास्ते आगरा तक चली पूजा स्पेशल

त्योहारन में आगरा आ कटिहार तक के यात्रा करे वाला लोगन खातिर राहत भरल बा। यात्रियन के भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन गोरखपुर के रास्ते 04195/04196 आगरा कैंट-फारबिसगंज-आगरा कैंट साप्ताहिक स्पेशल ट्रेन के घोषणा कइले बा।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के अनुसार ई ट्रेन आगरा कैंट से चार अक्टूबर से 22 नवम्बर तक हर सुक के आ फारबिसगंज से पांच अक्टूबर से 23 नवम्बर तक हर सुक के कुल आठ फेरा में चलावल जाई। एह ट्रेन में शयनयान श्रेणी के चार, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के दु, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के दु, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनामी के दुगो कोच लगावल जाई।

Tags :
Bhatni Prayagraj Double LineBhojpuri NewsFestival Station Traingorakhpur newsindian railways
Advertisement
Next Article