For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur Crime: घर के बहरी खेलत पांच बरिस के मासूम से दुष्कर्म के आरोप, हैवान के तलाश में जुटल पुलिस

09:40 AM May 23, 2024 IST | Sonu Kishor
gorakhpur crime  घर के बहरी खेलत पांच बरिस के मासूम से दुष्कर्म के आरोप  हैवान के तलाश में जुटल पुलिस
Advertisement

महिला के आरोप बा कि उऽ घर में रहली। पांच बरिस के बेटी बहरी खेलत रहे। एही बीच पड़ोस के युवक आइल आ बच्ची के उठा ले गइल आ दुष्कर्म कइला के बाद छोड़ देलस। बेटी के ना लउकला पऽ उऽ खोजबीन करते रहली कि उनकर बेटी आइल आ घटना के बारे में बतवलस। आरोपित के घरे शिकायत लेके गइली तऽ पूरा परिवार मिलके उनका के मार पीट के खदेड़ देलस।

Advertisement

झंगहा थाना क्षेत्र के एगो गांव में पांच बरिस के मासूम से दुष्कर्म के आरोप सामने आइल बा। मासूम के माई पुलिस पs कार्रवाई ना करे के आरोप लगावत बुध के 1090 पs शिकायत कइली।

एकरा बाद बच्ची के लेके पीएचसी ब्रम्हपुर पहुंचली। जहां जांच पड़ताल के बाद चिकित्सक जिला अस्पताल रेफर कऽ देले। एने, पुलिस के कहनाम बा कि महिला परिवार के विरुद्ध तहरीर देके मारपीट के मुकदमा दर्ज करवले बाड़ी। दुष्कर्म के तहरीर मिलला पs बियफे के बच्ची के चिकित्सकीय जांच करावल जाई।

महिला के आरोप बा कि वह घर में रहली। पांच बरिस के बेटी बहरी खेलत रहली। एही बीच पड़ोस के युवक आइल आ बच्लेची के उठा ले गइल दुष्कर्म कइला के बाद छोड़ देलस। बेटी के ना लउकला पऽ उऽ खोजबीन करते रहली कि उनकर बेटी आइल आ घटना के बारे में बतवलस। आरोपित के घरे शिकायत लेके गइली तऽ पूरा परिवार मिलके उनका के मार पीट के खदेड़ देलस। एकरा बाद उऽ पुलिस के लगे तहरीर लेके गइली तऽ पुलिस भोरे आवे के बात कहलस।

एही बीच बच्ची के तबीयत जादे खराब हो गइल तऽ उऽ पीएचसी लेके पहुंचली। जहां से सदर अस्पताल रेफर कऽ दिहल गइल। बुध के घटना के शिकायत 1090 पs कइली। एकरा बाद पुलिस थाना पs बोलवलस।

महिला के आरोप बा कि तीन माह पहिलहू उनका बेटी  के साथे दुष्कर्म के कोशिश भइल रहे। पुलिस के लगे गइला पs कवनो सुनवाई ना भइल रहे नाही चिकित्सकीय जांच करावल गइल रहे।

एसपी उत्तरी जितेन्द्र कुमार श्रीवास्तव कहले कि मंगर के महिला थाना पहुंचके पड़ोसी पs मारपीट के तहरीर देले रहली । एपर झंगहा पुलिस केस दर्ज कइले बिया। बुध के महिला 1090 पs दुष्कर्म के शिकायत कइले बाड़ी तऽ बच्ची के चिकित्सकीय जांच करावल जाई। रिपोर्ट के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

साभार - दैनिक जागरण

Tags :
Advertisement