टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर महोत्सव: जूटीहें बॉलीवुड-भोजपुरी कलाकार, मनोरंजन, कला-संस्कृति के होई संगम

10:23 AM Oct 20, 2024 IST | Sonu Kishor
2023 में महोत्सव के लोगो( सांकेतिक) - फोटो : स्त्रोत- सोशल मीडिया
Advertisement

आवे वाला साल में गोरखपुर शहर में 11, 12 आ 13 जनवरी के ई महोत्सव के आयोजन कइल जाई। रामगढ़तल के किनारे चंपा देवी पार्क आ प्रदर्शनी मैदान में होखे वाला एह महोत्सव में कला, संस्कृति आ खेल के संगम देखे के मिली। प्रतियोगिता में बेहतरीन प्रदर्शन करे वाला कलाकार, खिलाड़ी आ विद्यार्थियन के पुरस्कृत आ सम्मानित कइल जाई।

Advertisement

बॉलीवुड आ भोजपुरी के मशहूर स्टार एह रात के शोभा बढ़ा दीहें जबकि स्थानीय कलाकारन के मंच पऽ भरपूर जगह मिली। महोत्सव के तइयारी शुरू करे खातिर बियफे के दिने सभागार में कमिश्नर अनिल ढिंगरा के नेतृत्व में विभिन्न विभाग के अधिकारियन के बइठक करावल गइल।

बइठक में कमिश्नर बतवले कि महोत्सव में पारंपरिक खेल, स्कूली बच्चा के प्रतियोगिता, शिल्प मेला आदि के आयोजन कइल जाई। महोत्सव खातिर कमिश्नर के अध्यक्षता में एगो समिति बनावल गइल बा, जवना में डीएम उपाध्यक्ष बाड़े, जबकि एसएसपी, नगर आयुक्त आ बाकी वरिष्ठ अधिकारी शामिल बाड़े।

Tags :
gorakhpurGorakhpur MahotsavGorakhpur mahotsav 2024Gorakhpur news bhojpurikhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article