For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

GORKHPUR: बालीवुड के साथे - साथे स्थानीय कलाकारन से सजल आ गोरखपुर में बनल फीचर फिल्म 'सक्षम' कांस फिल्म फेस्टिवल में चमकी।

11:29 AM May 14, 2024 IST | Sonu Kishor
gorkhpur  बालीवुड के साथे   साथे स्थानीय कलाकारन से सजल आ गोरखपुर में बनल फीचर फिल्म  सक्षम  कांस फिल्म फेस्टिवल में चमकी।
Advertisement

GORKHPUR : बालीवुड के साथे - साथे स्थानीय कलाकारन से सजल आ गोरखपुर में बनल फीचर फिल्म 'सक्षम' कांस फिल्म फेस्टिवल में चमकी फेस्टिवल में प्रदर्शन खातिर फिल्म के चयन कऽ लिहल गइल बा। कचरा बीने वाला अनाथ बच्चन के शिक्षा खातिर संघर्ष देखावत साक्षरता, नशामुक्ति, स्वच्छता, गरीबी आ बाल समर्पित फिल्म के चयन एही आधार पऽ कांस फिल्म फेस्टिवल खातिर कइल गइल बा। फिल्म के लेखन आ निर्देशन शुभांशु सत्यदेव कइले बाड़े, जवन गोरखपुर के बाड़े।

Advertisement

शुभांशु बतवले कि एह फिल्म के दृश्य गोरखपुर के उऽ वनटांगियां गांवन में फिल्मावल गइल बा, जवना के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोद लेले बाड़े। फिल्म के गुणवत्ता के देखत एकर चयन कांस फिल्म फेस्टिवल खातिर उऽ 10 फिल्मन में कइल गइल बा, जो भारत से चुनल गइल बाड़ी सन। फिल्म के राष्ट्रीय फिल्म विकास निगम आ भारतीय सूचना प्रसारण मंत्रालयो से सराहना मिलल बा। शुभांशु बतवले कि एह फिल्म के शूटिंग के बालीवुड के मशहूर विलेन रंजीत, प्यार का पंचनामा फेम रायो बखरीता, समीर खक्कर, बिजेंद्र काला, हीबा शाह, बिक्रम गोखले, सुधीर पांडेय, ओंकार दास जइसन कलाकार गोरखपुर अइले, जवना से पूर्वांचल के शूटिंग स्पाट के पहचान मुंबई ले पहुंचल। प्रदीप सत्यदेव के गीत-संगीत से सजल ई फिल्म सामाजिक परिवर्तनों में आपन योगदान सुनिश्चित करी।

Tags :
Advertisement