For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

स्वच्छ वायु सर्वेक्षण 2024: गोरखपुर में 40 फीसदी प्रदूषण घटल, देस में चउ था स्थान पs रहल- सुधरल रैंकिंग

12:01 PM Sep 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
स्वच्छ वायु सर्वेक्षण 2024  गोरखपुर में 40 फीसदी प्रदूषण घटल  देस में चउ था स्थान पs रहल  सुधरल रैंकिंग
पैडलेगंज से रुस्तमपुर - फोटो : संवाद न्यूज एजेंसी
Advertisement

केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के ओर से जारी स्वच्छ वायु सर्वेक्षण-2024 में गोरक्षनगरी के देस भर में चउथा स्थान प्राप्त भइल बा। तीन से 10 लाख तक के आबादी वाला शहरन में गोरखपुर ई उपलब्धि हासिल कइले बा। एह वर्ग में पहिला पायदन पs फिरोजाबाद, दूसरका पs अमरावती आ तीसरका पs झांसी बा।

Advertisement

नेशनल क्लीन एयर प्रोग्राम के बेहतर परिणाम अब आवे लागल बा। शहर के वायु गुणवत्ता में तेजी से सुधार होत दिख रहल बा। स्वच्छ वायु सर्वेक्षण के आंकड़ा एकर पुष्टि कs रहल बा। फिरोजाबाद नगर निगम के 197 अंक, अमरावती के 195 आ झांसी के 193.5 अंक मिलल बा। जबकि गोरखपुर नगर निगम को सर्वेक्षण में 191.5 अंक प्राप्त भइल बा।

दु अंक से नगर निगम तीसरका स्थान से पिछड़ गइल बा। नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बतवलें कि शहर के स्वच्छ आ सुंदर बनावे खातिर नगर निगम लगातार काम कs रहल बा। सड़कन के एंड टू एंड पेविंग कइल जा रहल बा। डिवाइडर पs ग्रीन बेल्ट के निर्माण, कचरा निस्तारण खातिर कइल गइल पहल आदि के ई देन बा कि सर्वेक्षण में गोरखपुर के चउथा स्थान प्राप्त भइल बा। 2025 में एमे आउर बेहतर परिणाम देखे के मिली।

Tags :
Advertisement