टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बदल रहल बा गोरखपुर: नोएडा के तर्ज पऽ अब गोरक्षनगरी में फ्लैटेड फैक्टरी

02:12 PM Sep 17, 2024 IST | Sonu Kishor
गीडा में बनावल जा रहल बा फ्लैटेड फैक्टरी
Advertisement

नोएडा के तर्ज पर गिडा में एगो फ्लैटेट फैक्ट्री बनावल जा रहल बा। एकरा खातिर बनावल जा रहल भवन के काम नवम्बर में पूरा हो जाई। एमें 80 फीसदी फ्लैट रेडीमेड परिधान के दिहल जाई आ बाकी बीस फीसदी फ्लैट दोसरा उद्योगन के दिहल जाई। इहाँ के सभ कारखाना प्रदूषण मुक्त होई। ई फ्लैट दिसंबर में आवंटित हो जाई। उम्मीद बा कि नयका साल में एहिजा के नया कारखाना से उत्पादन शुरू हो जाई।

Advertisement

पछिला साल राज्य सरकार गिडा में फ्लैट फैक्ट्री लगावे के फैसला कइले रहे। ई एगो अइसन भवन होखी जवना में 80 गो फ्लैट बनावल जाई। हर फ्लैट एगो हॉल निहन होई, जवना में सभ फिनिशिंग के काम पूरा हो जाई, इहाँ तक कि इलेक्ट्रिक स्विचो लगावल जाई। एमें रेडीमेड परिधान से जुड़ल सिलाई, सफाई, पैकिंग वगैरह काम करे वाली छोट इकाई आपन कारोबार शुरू कर दीहें। पूरा तरह से तइयार एह फैक्ट्री में उद्यमी पहिला दिन से उत्पादन शुरू करे के इस्थिति में होई।

सेक्टर 13 में स्थापित एह फैक्ट्री के क्षेत्रफल 10,800 वर्ग मीटर बा। एकर कुल लागत करीब 34 करोड़ रुपया बा। भारत सरकार के एमएसएमई मंत्रालय आ राज्य सरकार के सहयोग से एकर निर्माण के काम चल रहल बा। एह भवन में 80 गो कारखाना बनावल जाई जवना में करीब 2000 लोग के रोजगार मिली।

चैंबर ऑफ इंडस्ट्रीज के अध्यक्ष आरएन सिंह बतवले कि जीआईडीए बोर्ड के पिछला बइठक में फैसला भइल कि 80 प्रतिशत फ्लैट रेडीमेड गारमेंट्स आ 20 प्रतिशत बाकी उद्यमी के दिहल जाई। सीईओ गिडा अनुज मलिक बतवले कि नवम्बर ले ओकर निर्माण काम पूरा हो जाई।

Tags :
GDA GORKHPURgida gorkhpurGorkhpur newsGorkhpur news bhojpurikhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article