For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर: गीत संगीत से खूब सजी V.S Foundation द्वारा आयोजित कजरी महोत्सव

12:37 PM Aug 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
गोरखपुर  गीत संगीत से खूब सजी v s foundation द्वारा आयोजित कजरी महोत्सव
Advertisement

Advertisement

आज वी.एस. फाउंडेशन द्वारा कजरी महोत्सव के आयोजन भइल बा, जवन बहुत सुन्दर आ अनोखा आयोजन बा। एह आयोजन में शहर के नामी महिला लोग के सक्रिय भागीदारी बा।

वी.एस. फाउंडेशन के संस्थापक डॉ. संगीता मल्ल कहली की" हमनी के सब केहू के इच्छा बा कि रउरा सभे के कुछ समय हमनी के मिल जाव.राउर अइला से हमनी के आयोजन के प्रतिष्ठा अउरी बढ़ जाई। विनम्रता से रउरा सभे के नेवता देत बानी. राउर आगमन के इंतजार बा आ हमनी के नेवता स्वीकार करीं"

वी.एस. फाउंडेशन द्वारा कजरी महोत्सव के आयोजन विशेष वैभव मैरिज हॉल के बगल में, थाना शाहपुर के लगे, गोरखपुर में 8 अगस्त यानी आजुए साँझी के साढ़े पाँच बजे के बा. पूर्वांचल आ गोरखपुर के साहित्यिक, सांस्कृतिक आ सामाजिक पृष्ठभूमि के महिला लोग एजु अइहें आ गीत, संगीत के माहौल सबके मनमुग्ध करीं.

Tags :
Advertisement