For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: भाजपा नेता उनकर भाई आ पुत्र समेत 11 आदमी के आठ बरिस के कैद, 19 साल पुरान मामला में आइल फैसला

08:43 AM Jul 26, 2024 IST | Sonu Kishor
gorakhpur news  भाजपा नेता उनकर भाई आ पुत्र समेत 11 आदमी के आठ बरिस के कैद  19 साल पुरान मामला में आइल फैसला
Advertisement

Gorakhpur News: उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में बियफे के एगो हैरान करे वाला मामला सोझा आइल बा। इहाँ कोर्ट 19 साल पुरान मामला में आपन फैसला देले बिया। दरअसल, 29 नवंबर 2004 के सबेरे पुरान प्रतिद्वंद्विता के चलते कुछ लोग पीड़िता पs हमला कइले। एकरा चलते उऽ बहुत घाही हो गइले। पीड़िता आरोपी के खिलाफ हत्या के प्रयास के मामला दर्ज करवले रहे। एह मामिला में सजा दिहल गइल बा।

Advertisement

हत्या के कोशिश के आरोप साबित होखला के बाद अपर सत्र न्यायाधीश अवनीश कुमार राय खोराबर में रहेवाला भाजपा नेता छोटालाल पासवान, उनकर दु गो बेटा भाई आउर तीन भतीजा समेत 11 लोग के 8 साल के जेल के सजा सुनवले। सभे आरोपी के 17500 रुपया के जुर्माना के सजा सुनावल गइल बा। जदी जुर्माना ना जमा भइल तऽ आरोपी के अलग-अलग 53 दिन के जेल के सजा हो सकऽता।

अभियोजन पक्ष के ओर से सहायक जिला सरकार अधिवक्ता धर्मेन्द्र कुमार दुबे आ अतुल कुमार शुक्ला बतवले कि वादी दयाशंकर निषाद खोराबर निवासी हउवे। 29 नवम्बर 2004 के सबेरे आरोपी जोखू पासवान, उनकर बेटा शिवंजय, यतन, धनंजय, भाई छोटालाल पासवान, उनकर बेटा कमलेश, त्रिभुवन आ सहयोगी पृथ्वी, जिताई, बबलू आ शाहपुर थाना क्षेत्र के दरगहिया जीतपुर निवासी बबलू कुमार, एगो पुरान दुश्मनी के लेके वादी से संपर्क कइले तऽ पिता के मारल गइल आ उऽ ढेर घायल हो गइले।

वादी के परिवार के लोग उनका के सदर अस्पताल में भर्ती करा देले। वादी 30 नवम्बर 2004 के साँझ 4:30 बजे खोराबर थाना में एह घटना के जानकारी देवे आइल रहले। थाना में मौजूद चपरासी बतवले कि एसओ साहेब आराम करत बाड़े आ सांझ के चल जइहे। एही बीच वादी घरे आ गइले।

सांझ के पांच बजे आरोपी अपना निजी हंटर जीप में हथियार से लैस आके वादी के परिवार के लोग पs गोली चला देलस। जज साहब फाइल में उपलब्ध सबूत के आधार प उपरोक्त फैसला देले।

खोराबार मंडल के अध्यक्ष रहल बाड़े छोटेलाल

जोखू पासवान के पतोह धनंजय के पत्नी रीता देवी नवनिर्मित खोराबर वार्ड के पार्षद बाड़ी। जबकि छोटलाल पासवान भारतीय जनता पार्टी के खोराबर मंडल के अध्यक्ष रहल बाड़े।

हिस्ट्रीशीटर हउवें दयाशंकर निषाद

भाजपा नेता आ उनका भाई के खिलाफ मामला दर्ज करावे वाला दयाशंकर निषाद उत्तर प्रदेश पुलिस के बर्खास्त सिपाही हउवें। जब उऽ आपराधिक गतिविधि में शामिल रहले तऽ पुलिस उनकर फाइल खोलले रहे।

लेखपाल पऽ हमला करे के आरोपित भाजयुमो मंडल अध्यक्ष गिरफ्तार

लेखपाल के हमला करे के आरोपित भाजयुमो के मंडल अध्यक्ष आ उनका भाई के बड़हलगंज थाना पुलिस बुधवार के रात में गिरफ्तार कऽ लेलस। आरोप बा कि पुलिस घर पs तोड़फोड़ कइलस। बियफे के दोपहर बाद भाजपा नेता आ उनका भाई के पुलिस न्यायालय में पेश कइलस जहां से जेल भेज दिहल गइल।

गोला तहसील में तैनात लेखपाल रामकरन 22 दिसंबर 2023 के भाजयुमो के मंडल अध्यक्ष अंगद निषाद उनकर भाई वाल्मिकी,चुल्हाई, शिवमंगल, सजीवन आ पांच से छव अज्ञात के विरुद्ध अपहरण,धमकी,बलवा,मारपीट आ दलित उत्पीड़न के मुकदमा दर्ज करवले रहले। एह मामला में आरोपितन के विरुद्ध न्यायालय से वारंट जारी भइल रहे।

Tags :
Advertisement