टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News:चिड़ियाघर के लगे चाकू मारके 12वीं के छात्र के हत्या, चाय पिए के दौरान भइल रहे बहस

12:08 PM Oct 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
सावन के फाइल फोटो
Advertisement

 

Advertisement

रामगढ़ताल इलाका के चिड़ियाघर के लगे बुध के दिने भइल आपसी विवाद में राजघाट के बसंतपुर मोहल्ला निवासी बारहवीं में पढ़े वाला सावन कुमार (17) के चाकू मार के हत्या कs दिहल गइल. दुपहरिया तीन बजे भईल घटना के बाद पुलिस घाही सावन के जिला अस्पताल ले गईल, जहां डॉक्टर उनुका के बीआरडी मेडिकल कॉलेज रेफर कs देले। साँझ चार बजे इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल।

एs मामला में सावन के पिता रमेश कुमार के शिकायत के आधार पs पुलिस रामगढ़ गांव के तीन आरोपी विनय यादव, वीरू निषाद अवुरी अरुण निषाद के खिलाफ हत्या के मामला दर्ज कईले बिया। रामगढ़ताल थाना दू गो आरोपी विनय आ वीरू के भी गिरफ्तार कs लिहले बा। पुलिस एगो आरोपी के तलाश में छापामारी करतिया।

पुलिस के मुताबिक रामगढ़ताल इलाका के रामगढ़ गांव के अमन अवुरी आकाश के बीच विवाद चलता। कई बेर दुनों के आमने-सामने टक्कर हो चुकल बा। बुध के दिने अमन के मामा अजीत मंझरिया निवासी सावन आ पांच-छह गो अउरी लड़िका के साथे आकाश के दोस्तन के मनावे गइल रहले. आकाश के दोस्त वीरू, विनय अवुरी अरुण चिड़ियाघर के लगे एगो दोकान पs बईठ के चाय पीयत रहले।

सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी सावन के बीआरडी मेडिकल कॉलेज ले गईल, जहां उनुकर मौत हो गईल। पुलिस के मुताबिक वीरू के गोड़ में भी चाकू से चोट लागल बा। उनुकर इलाज जिला अस्पताल में हो चुकल बा।

 

 

 

 

Tags :
Crime Newsgorakhpur newsGorakhpur News in BhojpuriRamgarhtal news
Advertisement
Next Article