टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

gorakhpur news: भोजपुरी खाली भाषा नाहीं, हमनी के संस्कृति आ अस्मिता के प्रतीक हs 'कुलपति प्रो. पूनम टंडन'

05:26 PM Dec 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी संगोष्ठी
Advertisement

भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया के ओर से अतवार के गोरखपुर विश्वविद्यालय के संवाद भवन में आयोजित अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी संगोष्ठी में भोजपुरी भाषा, साहित्य अवुरी संस्कृति के अलग-अलग पहलू पs गहराई से चर्चा भईल। उद्घाटन कुलपति प्रो. पूनम टंडन कइली. कहली कि भोजपुरी खाली भाषा ना हs, ई हमनी के संस्कृति, परम्परा आ पहचान के प्रतीक हs.

Advertisement

भोजपुरी स्पीकिंग यूनियन मॉरीशस के पूर्व अध्यक्ष डॉ. सरिता बुधु भोजपुरी भाषा के गायन के भाषा बतवली आ ओकरा के भाव के रूप में परिभाषित कइली. कहली कि भोजपुरी गीतन में ऊ ताकत होला जवन लोग के दिल जोड़ सकेला. उs भोजपुरी के मान्यता प्राप्त भाषा के दर्जा देवे के जरुरत पs जोर देली। मारीशस में भोजपुरी भाषा के प्रचार-प्रसार के आपन अनुभव बतवली.

उs कुलपति से विश्वविद्यालय में डायस्पोरा सेंटर खोले के निहोरा भी कईली। विशेष अतिथि भाषा आयोग नेपाल के अध्यक्ष डा. गोपाल ठाकुर भोजपुरी के साहित्यिक दृष्टिकोण से प्रासंगिक बनावे खातिर सामूहिक प्रयास के अपील कइलन. एह दौरान सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन भी भइल।
कार्यक्रम संयोजक डॉ. राकेश कुमार श्रीवास्तव भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के प्रति आपन प्रतिबद्धता जतवले। कहलन कि भोजपुरी के ना खाली संरक्षण के जरुरत बा, बलुक एकरा के वैश्विक मान्यता देबे खातिर प्रयासो जरूरी बा. कार्यक्रम में आदित्य कुमार बांसुल के किताब विमोचन भइल. माटी के लाल के अभिनंदन समारोह भी सम्पन्न भइल। प्रख्यात नाट्य निर्देशक मनवेंद्र त्रिपाठी के निर्देशन में भोजपुरी के शेक्सपियर के नाम से जानल जाए वाली भिखारी ठाकुर के अमर कृति ''विदेसिया'' के मंचन भइल।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

Tags :
Bhojpuri Association of IndiaBhojpuri Languagegorakhpurgorakhpur newsGorakhpur UniversityInternational Bhojpuri SeminarVidesiya Dramaविदेसिया नाटक
Advertisement
Next Article