टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: अपना जान के खतरा बतावे वाला भाजपा विधायक फतेह बहादुर बोलले, योगीए हमार नेता, पूरा भरोसा बा

08:05 AM Jul 27, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पूर्व मुख्यमंत्री वीर बहादुर सिंह के बेटा आ कैम्पियरगंज से भाजपा विधायक फतेह बहादुर सिंह कहले रहले कि उनकर जान खतरा में बा। मीडिया से बात करत घरी उऽ कहले रहले कि हमरा हत्या के ठेका पांच करोड़ रुपया में दिहल गइल बा। एक करोड़ के चंदा एकट्ठा हो चुकल बा। पुलिस के षड्यंत्रकारी के जानकारी दिहला के बादो 10 दिन में कवनो कार्रवाई ना भइल, एहसे हमरा मीडिया में आवे के पड़ल।

Advertisement

कैम्पियरगंज से भाजपा विधायक फतेह बहादुर सिंह शुक के दिने एगो चिट्ठी जारी कइलन। एमें उऽ अपना रुख के साथे मुख्यमंत्री के प्रति आपन निष्ठा साफ कऽ दिहलन।

कहलन कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ओह लोग के नेता हउवें उनका पs पहिलहु भरोसा रहे आ आजो उनका पs भरोसा बा। अपना जान आ संपत्ति के खतरा के संबंध में होखत उच्च स्तरीय जांच से संतुष्ट बतावत विधायक कहले कि पछिला पांच साल से वाई प्लस श्रेणी के सुरक्षा दिहल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के उपहार हऽ। आ उऽ सीएम योगी के साथे पहिलहु रहले आ आजो पूरा भक्ति आ विश्वास के साथे बाड़े।

विधायक अपना चिट्ठी में योगी के नेतृत्व में राज्य में होखत चौतरफा विकास के तारीफ कइले। उऽ बतवले कि कुछ लोग से जान आ संपत्ति के खतरा के बारे में जानकारी पुलिस के दिहल गइल। एकर उच्च स्तरीय जांच एसटीएफ कर रहल बा बाकिर अबहियो एकर पुष्टि नइखे भइल। एकरा बावजूद उऽ जांच से पूरा तरीका से संतुष्ट बाड़े।

इ बा मामला

कैम्पियरगंज के भाजपा विधायक फतेह बहादुर सिंह 18 जुलाई के एगो प्रेस कांफ्रेंस में कहले रहले कि उनका जान पs खतरा बा। उनकर कहनाम बा कि भाजपा जिला पंचायत सदस्य सरोज देवी के बेटा राजीव रंजन सिंह उनकर हत्या करावे खाती एक करोड़ रुपया के चंदा बटोरले बाड़े।

मुख्यमंत्री आ पुलिस अधिकारी के इ जानकारी दिहला के बादो आरोपी के खिलाफ कवनो कार्रवाई ना भइल। एकरा बाद उऽ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह आ भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के चिट्ठी लिख के एह मामला के जानकारी देले बाड़े।

विधायक के बयान के बाद पुलिस आ प्रशासनिक विभाग में हलचल मच गइल। डीएम अवुरी एसएसपी रात में प्रेस कांफ्रेंस क के बतवले कि एसटीएफ अवुरी जिला के अपराध शाखा मामला के जांच कर रहल बिया।

हिस्ट्री-शीटर आ पीपीगंज थाना के सपा नेता भोला यादव के क्राइम ब्रांच के टीम हिरासत में ले लेलस आ पूछताछ कइलस बाकिर कवनो सुराग ना मिलल जवना का बाद जुबानी जंग बढ़ गइल।

विधायक के समर्थन में उनकर करीबी रिश्तेदार शहर में पोस्टर लगवले, जवना के बाद राजनीतिक तापमान बढ़ गइल। बियफे के विधायक के बयान के बाद मामला ठप्प हो गइल।

Tags :
Aditya nath YogiGorkhpur newsKhabar Bhojpuri Newskhbar bhojpuri newsup policeuttar pradesh news
Advertisement
Next Article