टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: हरित क्षेत्र ...10 कॉलोनियन के 3000 मकानन पऽ संकट

10:37 AM Jul 28, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

इंजीनियरिंग कॉलेज, एम्स आ एयरपोर्ट जइसन सुविधा के नजदीकी देख के सिंघडिया आउर झारखंडी टुकडा नंबर दु में भारी संख्या में लोग मकान बनवले रहले। सभ बुनियादी सुविधा नगर निगम के ओर से दिहल गइल बा, हमिर जीडीए के मास्टर प्लान-2031 में शामिल ना होखला के चलते इहाँ के लोग के चिंता बढ़ गइल बा। एह पूरा इलाका के हरियर क्षेत्र घोषित कऽ दिहल गइल बा। 10 से अधिक कालोनी में लगभग 3000 घर खतरा में बा। लोग के डर बा कि कहीं आपन पूरा जिनिगी के पूंजी लगा के जवन घर बनवले बाड़े उऽ तबाह ना हो जाव।

Advertisement

आदर्श नगर, सिंघड़िया, गैस गोदाम रोड, सरवन नगर, साईं धाम, गोल्डन सिटी, वसुंधरा नगर, प्रज्ञापुरम समेत देवरिया रोड पs इस्थित सभ कॉलोनी में घर ज्यादातर सरकारी सेवा से रिटायर भइल लोग बनवले बाड़े। एकरा में बहुत संख्या में पूर्व सैनिको बाड़े। जीडीए मास्टर प्लान 2031 में एह इलाका के ग्रीन एरिया घोषित कइले बा। हरियर क्षेत्र में निर्माण के काम ना हो सकेला। जहां सिंघाडिया आ झारखंडी के टुकड़ा नंबर दु के एह इलाका में 1500 से जादे आलीशान घर अवुरी दोकान बनल बा। कुछ घर बा जवन लगभग 50 साल पहिले बनल रहे।

अब पूरा इलाका में कतहीं खाली प्लाट नइखे। पिछला दू साल से एहिजा के लोग एह इलाका के आवासीय घोषित करे के मांग करत बाड़े। मास्टर प्लान ड्राफ्ट 2031 के लागू करे से पहिले जनता से आपत्ति मांगल गइल। एह इलाका से 1300 से अधिका आपत्ति लिखित भा ई-मेल से दाखिल भइल। जीडीए प्रशासन गंभीरनाथ सभागार में एकरा पs सुनवाइ कइले रहे, बाकिर एह इलाका के लोग के मांग के अनदेखा कइल गइल।

सीवरलाइन आ गैस पाइपलाइनो बा

एह इलाका में जल निगम के ओर से सीवर लाइन बिछावे के बाद हर घर के कनेक्शन दिहल गइल बा। एकरा संगे-संगे हर घर में पानी के पाइप लाइन आ एलपीजी कनेक्शन बा। नगर निगम आ विधायक के धन से सड़क आउर नाली के निर्माण के संगे-संगे नगर निगम से मकान कऽ के आ कचरा वसूली के शुल्को इहाँ नियमित रूप से चलऽता। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जब सांसद रहले तऽ इलाका के बहुत सड़क के उद्घाटनो कइले बाड़े।

सुप्रीम कोर्ट सील से छूटो देले बा

साल 2011 में जिला प्रशासन फोटो के संगे सुप्रीम कोर्ट के लिखित रूप में जानकारी देलस कि झारखंडी के टुकड़ा नंबर दु में हजारों मकान बनल बा। सीलिंग के मामला में सुप्रीम कोर्ट अपना आदेश में हजारन मकान के निर्माण के आधार पs सीलिंग मुक्त घोषित कऽ देले बा।

स्थानीय लोग के कहनाम बा

तमाम आपत्ति के बावजूद सिंघदिया आ महादेव झारखंडी के टुकड़ा नंबर दू के इलाका हरियर क्षेत्र में रहल। एकरा चलते जनता में डर के माहौल बा। कई बेर समस्या के बतवला के बादो एकर समाधान ना मिलल।

मामला पs विचार हो रहल बा। एकरा के मास्टर प्लान में शामिल करे के कोशिश भइल बाकिर कुछ तकनीकी कारण से इ काम ना हो पावल। इहाँ राहत देवे के प्रयास हो रहल बा

आनंद वर्धन, उपाध्यक्ष जीडीए

Tags :
big breakingGorkhpur newsGorkhpur news bhojpuriKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article