For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: थाना में ही 10 हजार रुपया घूस लेवे के आरोप में गिरफ्तार इंस्पेक्टर - पहिले ऊ 50 हजार रुपया के मांग कइले रहले - जानि काहे

10:31 AM Aug 22, 2024 IST | Raj Nandani
gorakhpur news  थाना में ही 10 हजार रुपया घूस लेवे के आरोप में गिरफ्तार इंस्पेक्टर   पहिले ऊ 50 हजार रुपया के मांग कइले रहले   जानि काहे
Advertisement

बलिया जिला के चितबादा गाँव थाना के रामपुर चित गाँव निवासी इंस्पेक्टर सुनील यादव पर गंभीर आरोप लगावल गइल । ऊ बतवले रहले कि जांच करेवाला उपनिरीक्षक अपना बेटा के खिलाफ अपहरण के मामला में अंतिम रिपोर्ट दर्ज करावे खातीर 50 हजार रुपया के घूस मांगता। शिकायतकर्ता जब मजबूरी जतवलस तs दस हजार रुपिया लेबे के तइयार हो गइल ।

Advertisement

गोरखपुर के उरुवा बाजार थाना में तैनात इंस्पेक्टर सुनील यादव के मंगल के देर साँझ एगो मामिला में दस हजार रुपिया के घूस लेबे के आरोप में सतर्कता टीम गिरफ्तार कर लिहलस । गिरफ्तारी के बाद टीम आरोपी निरीक्षक के गोला थाना ले गइल। उहाँ आरोपी के खिलाफ घूस लेवे के मामला दर्ज भइल। 2022 बैच के इंस्पेक्टर सुनील यादव उरुवा से पहिले चौरीचौरा थाना में तैनात रहे। ऊ बलिया जिला के निवासी हवे।

जानकारी के मुताबिक सिकरीगंज निवासी शिकायतकर्ता राजेश कुमार 20 जून के एसपी विजिलेंस के चिट्ठी देके शिकायत कइले रहले। एहमें बलिया जिला के चितबाडा गाँव थाना के रामपुर चित गाँव निवासी इंस्पेक्टर सुनील यादव पर गंभीर आरोप लगावल गइल ।

ऊ बतवले रहले कि जांच करेवाला उपनिरीक्षक अपना बेटा के खिलाफ अपहरण के मामला में अंतिम रिपोर्ट दर्ज करावे खातीर 50 हजार रुपया के घूस मांगता। शिकायतकर्ता जब मजबूरी जतवलसि त दस हजार रुपिया लेबे के तइयार हो गइल । एकरा बाद मंगलवार के सांझ के करीब 7:25 बजे जाल टीम 10 हजार रुपया लेत घरी लाल हाथ से निरीक्षक के गिरफ्तार कs लेलस।

Tags :
Advertisement