For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: सातवीं कक्षा के छात्रा इंस्टाग्राम पऽ साथी से मंगलस फिरौती

01:54 PM Sep 09, 2024 IST | Sonu Kishor
gorakhpur news  सातवीं कक्षा के छात्रा इंस्टाग्राम पऽ साथी से मंगलस फिरौती
सांकेकित फोटो इंस्टग्राम
Advertisement

इलाका के एगो स्कूल में सातवीं कक्षा में पढ़े वाला छात्र इंस्टाग्राम प अपना एगो सहपाठी से फिरौती मंगलस। पीड़ित छात्रा के बतावला पs जंगल सीकरी निवासी उनकर चाचा अनिल सिंह खोराबर थाना में शिकायत दर्ज करवले। पुलिस के जांच में पाता चलल कि छात्र पार्टी करावे खातिर पईसा जुटावत रहले। एहसे उऽ अपना दोस्त से पइसा के मांग कइले। विद्यार्थियन के एह हरकत पर दिन भर पूरा स्कूल क्षेत्र में चर्चा भइल।

Advertisement

अनिल शिकायत में लिखले बाड़न कि हमार भतीजा ओह इलाका के एगो स्कूल में कक्षा सात में पढ़ेला। शनिचर के सबेरे करीब 7 बजे उनका क्लास में पढ़े वाला दु छात्र उनका के इंस्टाग्राम प धमकवले आ उनका से पइसा के मांग कइले। तब भतीजा पूरा बात बतवले। आरोप बा कि दुनो मन बढू स्वभाव के हउवे आ उ पहिलहू भतीजा से पईसा मांग चुकल बा।

संगही पुलिस के कहनाम बा कि मामला फिरौती के नइखे। पार्टी के आयोजन खातिर छात्र आपस में पइसा जुटावत रहले। फिलहाल मामला के जांच हो रहल बा, सबूत के आधार प आगे के कार्रवाई होई।

Tags :
Advertisement