टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: ट्रक आ बस ऑपरेटर हड़ताल पs, पेट्रोल-डीजल के संकट

02:03 PM Jan 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

देश में हिट एंड रन केस के लेके मोटर वाहन अधिनियम में भईल संशोधन के खिलाफ पूरा देश में हड़ताल शुरू कs देले बाड़े। राज्य के सीमेंट कंपनी एसीसी, अम्बुजा अवुरी अल्ट्राटेक के 10,800 ट्रक संचालक हड़ताल पs रहले। 3 जनवरी ले सड़क जाम कs के केंद्र सरकार के विरोध करी। ट्रक संचालक के हड़ताल के चलते सीमेंट के आपूर्ति बंद हो गईल बा। देश भर में तीन दिन के हड़ताल के चलते गोरखपुर में डीजल, पेट्रोल अवुरी खाना बनावे के गैस के भी संकट बा।

गोरखपुर में सबेरे से ड्राइवरन के घंटन कतार में खड़ा होखे के पड़ल बा। सबेरे 8:00 बजे के बाद कतार में खड़ा गाड़ियन के दुपहरिया 12:00 बजे ले भी डीजल पेट्रोल ना मिलल। जवना के चलते ड्राइवर बहुत परेशान बाड़े। मंगल के गोरखपुर के सब पेट्रोल पंप पs जहां लोग कतार में खड़ा बाड़े। एकरा चलते यातायात बाधित बा।

तेल के आपूर्ति ना मिलला के चलते पेट्रोल पंप पs डीजल अवुरी पेट्रोल खातीर कतार बनता। बाहर से राज्य घूमे आइल पर्यटकन के घरे लवटे खातिर वाहन के ईंधन नइखे मिलत। कम स्टॉक के चलते पंप पs पर्याप्त तेल नईखे मिलत। कई गो डिपो में नाममात्र के स्टॉक बाचल बा।

पेट्रोल पंप पर भारी भीड़

मंगल के पेट्रोल पंप पs तेल भरे खाती भारी भीड़ रहे। लमहर कतार के चलते स्थिति पैदा हो गईल बा। पेट्रोल पंप पs 500 रुपिया से बेसी के तेल की आपूर्ति नइखे होत। एकरा चलते लोग ,कर्मचारी से परेशानी में पड़ गईले। बालू आ गिट्टी के आपूर्ति भी बंद हो गईल बा। जहाँ पेट्रोल आ डीजल बा ओहिजा आधा किलोमीटर तक के लाइन लागल बा।

 

Tags :
Drivergorakhpur newsHit and Runpetrol-diesel crisisTruck and bus operators on strike
Advertisement
Next Article