टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: विश्वविद्यालय में नौकरी के नांव पऽ दु भाइयन से चार लाख के ठगी

10:14 AM Oct 02, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रस्तुती खातिर फोटो
Advertisement

गोरखपुर: रामगढ़ताल इलाका के दू गो चचेरा भाई के गोरखपुर विश्वविद्यालय में नौकरी करावे के नांव पs चार लाख रुपिया के ठगी कइल गइल। एही तरे शाहपुर आ बड़हलगंज थाना में भी जालसाजी के मामला सोझा आइल बा। पुलिस एतवार के तीनों मामला में धोखाधड़ी के मामला दर्ज कऽ के जांच करतिया।

Advertisement

पहिला मामला रामगढ़ताल थाना क्षेत्र के बा। एमें कज्जकापुर के रवि प्रताप शुक्ला के शिकायत पs रामगढ़ ताल थाना में तथाकथित विश्वविद्यालय कार्यकर्ता उमाशंकर त्रिपाठी उर्फ रिंकू आ आजाद चौक निवासी संजय पाण्डेय के खिलाफ धोखाधड़ी के मामिला दर्ज करावल गइल बा। शिकायत में लिखल बा कि उनकर बेटा मिहिर अवुरी भतीजा सूर्य नारायण पढ़ल-लिखल बेरोजगार बाड़े।

एयरपोर्ट के नजदीक रहे वाला परिचित संजय पांडेय बतवले कि उनकर करीबी दोस्त उमाशंकर त्रिपाठी गोरखपुर विश्वविद्यालय में काम करेले। उऽ कहले कि उमाशंकर त्रिपाठी अपना बेरोजगार बेटा आ भतीजा के गोरखपुर विश्वविद्यालय में नौकरी दिहे। संजय के जिद पऽ उऽ कई बेर मे चार लाख रुपया दे देले। एकरा बादो नौकरी ना भइल। अब दुनु जने धमकी देत बाड़े कि अगर पइसा वापस माँगब तऽ जान से मार दीहें।

Tags :
Gorkhpur newsGorkhpur news bhojpurigorkhpur policeJob scamramgadh tal
Advertisement
Next Article