टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर रंग महोत्सव के आगाज आज से, नाटकन के मंचन के संगे विमर्श आ प्रशिक्षण खातिर होई कलाकारन के जमावड़ा

11:24 AM Oct 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। अभियान थिएटर ग्रुप आ भारतेंदु नाट्य अकादमी के ओर से योगीराज बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह में बुध से 27 अक्टूबर तक पांच दिवसीय रंग महोत्सव के आयोजन के आगाज आज होई। एमे हरदिन सांझ के नाटक के मंचन होई। आज सांझ पांच बजे उद्घाटन सत्र के सुभारंभ होई। मुख्य अतिथि राज्यसभा के उपसभापति हरिवंश नारायण सिंह के फिलहाल आइल टल गइल बा।

Advertisement

जानकारी के मोताबिक उद्घाटन सत्र के विषय जिजीविषा आ रंग मंच विश्व शांति के संदर्भ में होई। एकरा बाद सांझ छव बजे से एजीपी वर्ल्ड प्रोडक्शन मुंबई के प्रस्तुति नाटक बर्फ के मंचन होई। एकर मुख्य आकर्षण बाॅलीवुड अभिनेता सौरभ शुक्ला करिहें। कलाकार मंगर के देर रात तक पहुंच गइल लो।

योगीराज बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह के दुल्हिन के तरे सजा दिहल गइल बा। लगभग एक हजार से जादे लोगन के बइठे के बेवस्था कइल गइल बा। अभियान थिएटर ग्रुप के निदेशक श्रीनारायण पांडेय बतवलें कि आयोजन समिति के अध्यक्ष डॉ. हर्षवर्द्धन राय के दिशा निर्देशन में तइयारियन के अंतिम रूप दिहल गइल बा। कार्यक्रम के अध्यक्षता आचार्य विश्वनाथ प्रसाद तिवारी करिहें। विशिष्ट अतिथियन में सदर सांसद रवि किशन, केंद्रीय फिल्म प्रमाणन बोर्ड अंडमान सदस्य नरेश चंद्र लाल आ मेयर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव रही लो।
कार्यक्रम के दौरान नया पीढ़ी के रंगकर्म का प्रशिक्षण भी दिया जाएगा। रंग विमर्श के जरिए कलाकारों से रूबरू होखे के मवको मिली। दुपहरिया दु बजे से छव स्कूलन के लईकन के प्रशिक्षण दिहल जाई। सांझ के छव बजे तक रंग विमर्श के कार्यक्रम होई, जमे देसभर के दिग्गज रंग कर्मियन आ विशेषज्ञन के बोलावल गइल बा। एकरा बाद नाटक के मंचन होई।

एह नाटकन के होई मंचन

Tags :
Abhiyan TheatreBhojpuri Newsgorakhpur newsRang MahotsavRang Manch
Advertisement
Next Article