For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur: रामचरितमानस, एआई आ भोजपुरी लोकगीत पs होई शोध

10:02 AM Aug 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
gorakhpur  रामचरितमानस  एआई आ भोजपुरी लोकगीत पs होई शोध
Advertisement

Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के अंग्रेजी विभाग के शोधकर्ता एनईपी के अंतःविषय आ समग्र शिक्षा के सिद्धांत के मुताबिक शोध के काम चुनले बाड़े। एकरा तहत रामचरितमानस, आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई), भोजपुरी लोककथा आ जलवायु परिवर्तन जइसन विषय के चयन कइल गइल बा। विभागीय शोध समिति एह प्रस्तावन के मंजूरी दे दिहले बिया. एह नया शोध में सामाजिक रचना के विश्लेषण के साथे-साथे विभिन्न पहलु के अध्ययन कइल जाई।

रामचरितमानस में शबरी, केवट, जामवंत, अंगद, सुग्रीव, जटायु आदि समाज के मुख्य धारा से वंचित पात्रन पs अंग्रेजी शोधकर्ता विष्णु मिश्र के शोध प्रस्ताव के मंजूरी मिल गइल बा. एहमें ई साबित करे के कोशिश कइल गइल बा कि रामचरितमानस में सभ वर्ग के बीच समानता देखावल गइल बा. शोधकर्ता विकास गुप्ता साइबरपंक उपन्यास में वर्चुअल रियलिटी आ साइबर स्पेस के अवधारणा पs शोध के काम शुरू कइले बाड़न. दीपिका त्रिपाठी जलवायु परिवर्तन आ आधुनिक डिस्टोपियन उपन्यास पs शोध कs रहल बाड़ी। प्रतिभा गुप्ता, दिव्या राय, कीर्ति श्रीवास्तव आ ऋतु यादव भी समकालीन साहित्य के विभिन्न पहलु पs शोध कर रहल बाड़ी। विभागाध्यक्ष प्रो. अजय अगला शुक्ल कहले कि एह शोध में पारंपरिक साहित्य के संगे लेख से सामाजिक अवुरी सांस्कृतिक परिवर्तन के व्यापक झलक भी मिली। शोधकर्ता अपना शोध में समकालीन मुद्दा के गहराई से अध्ययन करीहे।

भोजपुरी लोकगीत के महत्व पs शोध 

खुशबू जायसवाल धार्मिक गीत (जइसे कि छठ गीत, माता के गीत, शिव गीत आदि), बियाह के विभिन्न अवसरन खातिर गीत (सगुन, सिंदूरदान, विदाई आदि), भारतीय संस्कार खातिर गीत (सोहर, नामकरण, जनेऊ आदि), त्योहारन खातिर गीत (होली, नागपंचमी आदि), नारीवाद आ प्रकृति पs शोध चुनले बा।

Tags :
Advertisement