टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर : हफ्ता भर बाद निकलल घाम, लोगन के मिलल राहत ; न्यूनतम आ अधिकतम तापमान बढ़ल 

05:43 PM Jan 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर में लगभग हफ्ता भर बाद सुक के घाम निकलल। लगातार चार दिनन ले कोल्ड-डे रहला के घाम होखला के चलते मौसम खुशनुमा हो गइल बा। ओहिजा, न्यूनतम आ अधिकतम तापमान में बढ़न्ती भइल बा। बियफे के जहां न्यूनतम तापमान पांच डिग्री सेल्सियस रहे, तs ओहिजा सुक के ई बढ़कके 7.5 डिग्री सेल्सियस पहुंच गइल।

Advertisement

जबकि, अधिकतम तापमान में 3 डिग्री बढ़ के 15 डिग्री सेल्सियस पहुंच गइल। कइयन दिन से मौसम के मार से सार्वजनिक परिवहन पs बुरा असर पड़त रहे, बाकिर सुक के बदलल मौसम के मिजाज से एमे बहुत हद तक सुधार आइल बा। दिल्ली से गोरखपुर आवे वाली पहिला फ्लाइट समय से लैंड भइल।

ओहिजा जदि बात ट्रेनन के करीं तs 1 दिन पहिले ले 15- 16 घंटा के देरी से चल रहल ट्रेनन के समय में सुधार भइल। भटिंडा से गोरखपुर आवे वाली गोरखधाम एक्सप्रेस करीब सवा घंटा के देरी से गोरखपुर पहुंचल, जबकि वैशाली एक्सप्रेस खाली आधा घंटा के देरी से गोरखपुर आइल। कोहरा छंटला से ट्रेनन के समय में सुधार भइल बा। सुक के विजिबिलिटी निमन रह। घाम होखला से गलन कम भइल बा।

अयोध्या खातिर चले लगल रामरथ बस 

प्रदेश सरकार अयोध्या के यात्रा करवावे खातिर परिवहन विभाग के 10 रामरथ बस देले बिया। एमे गोरखपुर के दुगो रामरथ बस मिलल बा। गोरखपुर रीजन के RM लव कुमार सिंह बतवलें कि सुक से एह बसन के गोरखपुर से अयोध्या के बीच में संचालन सुरू हो गइल। ऊ बतवलें कि ई बस रोज दू फेरा लगइहें सs। RM कहलें कि जरूरत पड़ला पs आउर बसन के अयोध्या रूट पs चलावल जाई। श्रद्धालुअन के कवनो असुविधा ना होखे दिहल जाई।

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsMinimum and maximum temperature riseseRelief from cold WaveSunrise after a week
Advertisement
Next Article