For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP News: गोरखपुर में पीपल के पत्ता के आकृति जइसन होई विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर, छव एकड़ जमीन में होई निर्माण

12:47 PM Sep 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
up news  गोरखपुर में पीपल के पत्ता के आकृति जइसन होई विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर  छव एकड़ जमीन में होई निर्माण
Advertisement

रामगढ़ताल के सामने चंपा देवी पार्क में प्रस्तावित विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर के आकृति आध्यात्मिक या वैज्ञानिक महत्व वाला वृक्ष पीपल के पत्ता जइसन होई। ऊपर से ई पूरा तरे से पत्ता के आकार के होई। सामने से देखलो पs ई आकृति उभरके सामने आई। डिजाइन फाइनल कइल जा चुकल बा। लगभग छह एकड़ में प्रस्तावित एह सेंटर के निर्माण जल्दिये सुरू हो सकी।

Advertisement

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निरदेस पs गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर बनावे के प्रस्ताव तइयार कइले बा। पहिले से सार्वजनिक निजी भागीदारी (पीपीपी) के आधार पs बनावल जाये के रहे। कइयन फर्म टेंडर डलले रहली सs, बाकिर, जवन कंपनी के काम मिलल रहे, ऊ पीछे हट गइल। एकरा बाद नया सिरा से एकर टेंडर करे के पड़ल रहे।

अबकी बेर कुछ परिवर्तनो कइल गइल बा। ई परियोजना अब पूरा तरे से भूमि मुद्रीकरण के आधार पs आगे बढ़ावल जाई। पिछलका बेर जवान टेंडर निकालल गइल रहे, ओमे कन्वेंशन सेंटर के निर्माण के संगे ओकरा संचालन के अधिकारो ओहि कंपनी के दिहल गइल रहे। बाकिर, अबकी बेर खाली निर्माण के अधिकार दिहल जाई। संचालन खातिर अलग से टेंडर निकालल जाई।

कन्वेंशन सेंटर बनावे वाली कंपनी के मिली छव एकड़ जमीन

जवना कंपनी के कन्वेंशन सेंटर बनावे के जिम्मेदारी मिली, ओकरा के जीडीए के ओर से कन्वेंशन सेंटर के बगल में माने रामगढ़ताल के ठीक सामने छव एकड़ जमीन दिहल जाई। ई जमीन 99 साल खातिर दिहल जाई। कंपनी इहां होटल के निर्माण कs सकत बिया। छव एकड़ जमीन पs सेंटर के निर्माण होई आ 12 एकड़ जमीन में हरित क्षेत्र विकसित कइल जाई। एसे सेंटर के आकर्षण में चारचांद लाग सकी। कन्वेंशन सेंटर बनवला पs लगभग 368 करोड़ रुपिया खर्च होखे के अनुमान बा।

होई ई सुविधा

विश्वस्तरीयकन्वेंशन सेंटर में पांच हजार लोगन के बइठे के जगह होई। ढाई हजार कुर्सियन फिक्स कइल जाई, जबकि एतने कुर्सियन खातिर स्थान रही। जरूरत पड़ला पs कुर्सी लगावल जा सकी। जरूरत ना पड़ला पs एकर अलग इस्तेमाल कइल जा सकी। एमे लगभग 10 छोट बैठक कक्ष बनावल जाई। विकासकर्ता के ओर से इहां एलीट क्लब बनावल गइल।

चार फर्म के ओर से आवेदन

कन्वेंशन सेंटर खातिर चार फर्मन के ओर से आवेदन कइल गइल बा। तकनीकी बोली फाइनल कइल जा चुकल बा।  सोमार के वित्तीय बोली फाइनल कs लिहल जाई। ओकरा बाद दुनो बोलियन के आधार पs फर्म के चयन कs लिहल जाई। एकरा खातिर मुंबई, आगरा आ गोरखपुर के फर्म आवेदन कइले बाड़ी सs।

गीडा उपाध्यक्ष आनन्द वर्द्धन कहलें कि रामगढ़ताल के किनारे प्रस्तावित विश्व स्तरीय कन्वेंशन सेंटर के आकृति पीपल के पत्ता जइसन होई। डिजाइन फाइनल कs लिहल गइल बा। सोमार के टेंडर खोलल जाई। जल्दिये एकर निर्माण खातिर फर्म के चयन कs लिहल जाई।

Tags :
Advertisement