For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर के चर्चित माफिया सुधीर के दु साल के सजा, एह ममिला में भइल कार्रवाई

11:53 AM Jun 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर के चर्चित माफिया सुधीर के दु साल के सजा  एह ममिला में भइल कार्रवाई
Advertisement

यूपी के 61 आ जिला के टॉप-10 माफिया के सूची में सामिल सुधीर सिंह के कोर्ट सोमार के दु साल के सजा सुनवलस। मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट गैर लाइसेंसी असलहा बरामद होखला के जुर्म में सजा सुनवलस। संगही दस हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा। शस्त्र अधिनियम के उल्लंघन करे में दोषी पावल गइला पs कोर्ट सुधीर के ससुर के तीन महीना के सजा सुनवले बा।

Advertisement

माफिया सुधीर सिंह जमानत पs बाड़ें। लिहाजा कोर्ट उनका 20 हजार रुपिया के व्यक्तिगत बंधपत्र पs अपील अवधि तक जमानत पs रिहा कs देले बा। गोरखपुर के ई दूसरा माफिया हs जवना के अभियोजन आउर पुलिस के पैरवी से कोर्ट सजा सुनवले बा। एकरा पहिले माफिया राकेश यादव के भइल रहे।

राकेश फिलहाल जेल में बा। हाले में राजघाट में एगो केस में सुलह करावे के ममिला में सुधीर सहित कइयन गो आउर लोगन पs धमकी देवे के केस दर्ज कइल गइल रहे। एह ममिला के अभी जांच चलते रहे, तबे कोर्ट आर्म्स एक्ट में सजा सुना देले बा।

Tags :
Advertisement