Gorakhpur Weather: 27 आ 28 के बरखा के संभावना, मौसम में बदलाव के लउकी असर, ठंड सताई
गोरखपुर : जिला आ आसपास के क्षेत्रन में एह साल ठंडा के जादे प्रभाव अभी ले देखे के नइखे मिलल। दिन में खिल रहल घाम अभी ले न्यूनतम तापमान के बहुत जादे नइखे गिरे देले। अइसन में लोगन के बहुते राहत बा। हालांकि, मौसम विभाग बंगाल के खाड़ी में सक्रिय हो रहल पश्चिमी विक्षोभ के चलते 26 दिसंबर से मौसम में बदलाव के अनुमान जतवले बा। एकरा चलते 27 आ 28 दिसंबर के गोरखपुर सहित आसपास के जिलन में हलुका से मध्यम बरखा के संभावना बा। एकरा बाद अधिकतम आ न्यूनतम तापमान में गिरावट से ठंड बढ़ला के आसार बा।
मौसम विभाग के अनुसार, पिछला एक हफ्ता से बंगाल के खाड़ी से आ रहल नम आ गरम पुरवा हवा के थमला से पिछलका दु-तीन दिनन से अधिकतम आ न्यूनतम तापमान में गिरावट दर्ज कइल जा रहल बा। सोमार के अधिकतम तापमान 25 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम तापमान 7.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। जबकि 19 दिसंबर के अधिकतम तापमान 25.7 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम तापमान 8.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल रहे। मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि 26 दिसंबर के अगरी-कगरी एगो जादे सक्रिय पश्चिमी विक्षोभ के प्रभाव से मौसम में बदलाव आई। एह दौरान 27 आ 28 दिसंबर के हलुका से मध्यम बरखा कुछ जगहन पs हो सकत बा। एकरा चलते अधिकतम आ न्यूनतम तापमान में गिरावट अइला के आसार बा।
सावधान रहीं, सुरक्षित रहीं
ठंड के एह मौसम में प्रशासन आ स्वास्थ्य विभाग आमजन से अपील कइले बा कि ऊ लोग ठंडा से बचाव के सब उपाय अपनावे। बाहर निकलत घरी पूरा तरे से खुदके ढकके निकलीं आ जरूरतमंदन के मदद करीं।
ठंडा से बचाव के उपाय
गरम कपड़ा पहिनल जरूरी
ठंडा से बचे खातिर रउआ गरम कपड़ा पहिनल जरूरी बा। ऐसे रउआ ठंडा तापमान आ सर्द हवा से बचे में मदद मिली। सबसे पहिले थर्मल कपड़ा पहिने के चाहीं, जवन देह के गरम रखेला, फेर ऊनी जैकेट शॉल भा सिउटर के उपयोग करीं। हाथ आ गोड के गरम रखे खातिर दस्ताना पहिनी आ वूलन सॉक्स पहिनी। माथा आ गरदन के ढके खातिर मफलर भा टोपी के इस्तेमाल करीं। ई राउर देह के ठंडा से बचाईं।
स्वस्थ आहार के करीं सेवन
सर्दियन में देह के एनर्जेटिक आ गरम रखे खातिर संतुलित आ स्वस्थ आहार के सेवन कइल जरूरी बा। जादेतर गरम खाद्य पदार्थ के सेवन करीं। हल्दी वाला दूध, हर्बल टी आ सूप पीं। ड्राई फ्रूट्स, मूंगफली, तिल के लड्डू जइसन चीज खाईं। अपना इम्यूनिटी के मजबूत बनावे खातिर विटामिन सी युक्त फल जइसन संतरा आ विटामिन सी वाला फलन के सेवन करीं। ठंडा में पियास बहुत कम लागेला। बाकिर देह के हाइड्रेटेड रखे खातिर हर्बल टी भा गुनगुना पानी पियत रहीं।
जतरा के दौरान रहीं सतर्क
सर्दियन के दौरान सूर्योदय से पहिले आ सूर्यास्त के बाद तापमान बहुत कम हो जाला। एहिसे जदि संभव होखे तs सूर्योदय के बाद आ सूर्यास्त से पहिलही सफर करीं। जदि रउआ कहीं घूमे के प्लान बना रहल बानी तs उहां के मौसम के जानकारी लीं। ड्राइविंग करत घरी कोहरा होखे तs सावधानी से गाड़ी चलाईं आ लो बीम हैडलाइट्स के उपयोग करीं।
Read Also: रास्ता भटक गइल वंदे भारत ट्रेन! जाए के रहे गोवा निकल गइल कल्याण