टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मार्च में सरकार GST से ₹1.78 लाख करोड़ जुटवलस : ई 2023-24 के दूसरका सबसे बड़ कलेक्शन, पूरा साल में ₹20 लाख करोड़ के कमाई

07:25 PM Apr 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सरकार मार्च में गुड्स एंड सर्विसेज टैक्स माने GST से 1.78 लाख करोड़ रुपिया जुटवलस। ई वित्त बरिस 2023-2024 के दूसरका सबसे बड़ कलेक्शन हs। अप्रिल 2023 में 1.87 लाख करोड़ के कलेक्शन भइल रहे। ओहिजा, वित्त बरिस (2022-23) के मार्च महीना के कलेक्शन के मुकाबले 11.5% जादे बा। तब GST से 1.60 लाख करोड़ रुपिया जुटावल गइल रहे।

Advertisement

CGST 31,785 करोड़ रुपिया, SGST 39,615 करोड़ रुपिया रहल

वित्त मंत्रालय के मोताबिक, मार्च के GST कलेक्शन ₹1,78,484 करोड़ में CGST 34,532 करोड़ रुपिया आ SGST 43,746 करोड़ रुपिया रहल। GST 87,947 करोड़ रुपिया (माल के आयात पs कलेक्ट कइल 40,322 करोड़ रुपिया सहित) आ सेस 12,259 करोड़ रुपिया रहल। सेस में माल के आयात से मिलल 996 करोड़ रुपिया सामिल बा।

2017 में लागू भइल रहे GST

GST एगो इनडायरेक्ट टैक्स हs। एकरा के वैराइटी ऑफ प्रीवियस इनडायरेक्ट टैक्स (VAT), सर्विस टैक्स, परचेज टैक्स, एक्साइज ड्यूटी आ कइयन गो इनडायरेक्ट टैक्स के रिप्लेस करे खातिर 2017 में लागू कइल गइल रहे। GST में 5, 12, 18 आ 28% के चार स्लैब बा।

Tags :
Bhojpuri NewsFinance MinisterGoods and Service TazGST
Advertisement
Next Article