टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सरकारी दवाइयन में अब होई बार कोड, स्कैन करते पता चली एक्सपायरी

04:48 PM Sep 06, 2024 IST | Sonu Kishor
सरकारी दवाइयन में अब होई बार कोड
Advertisement

अब बिहार के सरकारी अस्पताल में मरीज के दिहल दवाई प बारकोड लागी। एकरा संगे दवाई के एक्सपायरी डेट के बारे में आसानी से पता चल जाई। स्वास्थ्य विभाग दवाई के गुणवत्ता सुनिश्चित करे खातिर ई फैसला कइले बा। मरीज बारकोड स्कैन कऽ के दवाई के एक्सपायरी डेट देख सकेले। सरकारी सामान में दवाई के पैक के संगे-संगे दवाई पट्टी के चारो कोना पs बार कोड उपलब्ध होई।

Advertisement

बिहार के सरकारी अस्पताल में मरीज के दिहल जाए वाला छह सौ से जादे प्रकार के दवाई के आवे वाला दिन में बार कोड होई। जवना के संगे दवाई के एक्सपायरी कब होई इ जानल आसान हो जाई।

दवाई के गुणवत्ता के लेके स्वास्थ्य विभाग स्तर पs भइल उच्च स्तरीय बइठक में एह संबंध में फैसला लिहल गइल। सरकार एह फैसला के पालन के जिम्मेवारी बिहार स्वास्थ्य सेवा बुनियादी ढांचा निगम (बीएमएसआईसीएल) के सौंप देले बिया।

Tags :
bihar governmentBihar Health DepartmentBihar healthcareBihar medicalbihar newsbihar news bhojpuriBihar sarkar
Advertisement
Next Article