टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

MEA: भारत कनाडा से वापस बोलाई उच्चायुक्त; निज्जर ममिला में कनाडा के बयान पs सरकार सख्त

08:22 PM Oct 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
एस जयशंकर - फोटो : एक्स/जयशंकर
Advertisement

भारत सरकार उच्चायुक्त आउर राजनयिकन आ अधिकारियन के कनाडा से वापस बोलावे के फैसला कइले बा। बिदेस मंत्रालय एह बारे में बयानो जारी कs देले बा। बिदेश मंत्रालय बतवलस कि उग्रवाद आ हिंसा के माहौल में ट्रूडो सरकार के काम भारत के अधिकारियन के सुरक्षा के खतरा में डाल देले बा। हमनी के वर्तमान कनाडा सरकार के प्रतिबद्धता पs कवनो भरोसा नइखे। एहिसे भारत सरकार उच्चायुक्त, आउर राजनयिकन आ अधिकारियन के वापस बोलावे के निर्णय लेले बा।

Advertisement

एकरा पहिले बिदेश मंत्रालय कनाडा के उच्चायुक्त के तलब कइले रहे। बतावल जा रहल बा कि कनाडा के उच्चायुक्त से कनाडाई सरकार के रुख के लेके जानकारी तलब कइल गइल बा। सोमार के कनाडा के उच्चायुक्त स्टीवर्ट व्हीलर बिदेस मंत्रालय से रवाना भइलें। ऊ कहलें कि कनाडा भारत सरकार के एजेंटन आ कनाडा में एगो कनाडाई नागरिक के हत्या के बीच संबंधन के लेके विश्वसनीय सबूत उपलब्ध करवले बा। अब भारत खातिर समय आ गइल बा कि ऊ जवन कहेला ओकरा पs खरा उतरे आ सब आरोपन पs गौर करे। एकरा तह तक गइल दुनो देसन आ ओकरा लोगन के हित में बा। कनाडा भारत के संगे सहजोग करे खातिर तइयार बा।

ई बा ममिला

कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिस त्रूदो लगातार भारत पs खालिस्तानी आतंकी हरदीप सिंह निज्जर के हत्या के ममिला पs आरोप लगा रहल बाड़ें। दरअसल, निज्जर के पिछिला जून में ब्रिटिश कोलंबिया के सरे में गोली मारके हत्या कs दी गई थी। कुछ मीडिया खबरन में निज्जर के हत्या में भारतीय एजेंटन के सामिल होखे के आरोप लगावल गइल रहे।

Tags :
3Bhojpuri NewsGovernment of IndiaIndia decides to withdraw High Commisoner and Officials from CanadaMEANijjar Hatyakand
Advertisement
Next Article