For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सरकार के चेतावनी! ए एंड्रॉइड स्मार्टफोन आ टैबलेट यूजर्स के हो सकत बा परेशानी, तुरंत करी ई काम ना तऽ हो सकऽता पछतावा 

11:24 AM Mar 14, 2024 IST | Sonu Kishor
सरकार के चेतावनी  ए एंड्रॉइड स्मार्टफोन आ टैबलेट यूजर्स के हो सकत बा परेशानी  तुरंत करी ई काम ना तऽ हो सकऽता पछतावा 
Advertisement

स्मार्टफोन आ टेबलेट के लेके सरकार चेतावनी जारी कइले बिया। Cert-In एंड्रॉइड यूजर्स के हाई रेटिंग सिक्योरिटी के चेतावनी देले बा आ कई गो सुरक्षा खामियन खातिर सतर्क कइले बा। बतावल गइल कि स्कैमर्स भा हैकर्स यूजर्स के डिवाइस पऽ कंट्रोल पावे, संवेदनशील जानकारी पावे खातिर उनका डिवाइस के निशाना बना सकत बाड़े। आई जानल जाव कवना यूजर्स लो के एकरा से खतरा बा।

Advertisement

बढ़त टेक्नोलॉजी लोगन के एगो बेहतर दुनिया देले बा, जवन कुछे सेकेंड में राउर काम करे के क्षमता राखत बा। एकरा साथहीं लोगन के एकरा से जुड़ल समस्यो के सामना करे के पड़ेला। एमें से सबसे कॉमन समस्या साइबर सिक्योरिटी बा, जवना में स्कैमर्स लोगन के डेटा के चोरावे आ वित्तीय रूप से नुकसान पहुंचावे के प्रयास करेला।

हालहीं में भारत सरकार के इलेक्ट्रॉनिक्स आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय के तहत काम करे वाली एजेंसी भारतीय कंप्यूटर आपातकालीन प्रतिक्रिया टीम (Cert-In) एंड्रॉइड यूजर्स खातिर उच्च गंभीरता रेटिंग के चेतावनी जारी कइले बिया। नया रिपोर्ट में पता चलल बा कि एकरा तहत एंड्रॉइड ऑपरेटिंग सिस्टम के नया वर्जन में सुरक्षा में कमी पावल गइल बा। आई एकरा बारे में जानल जाव।

रिपोर्ट में मिलल जानकारी 

हालहीं में आइल एगो रिपोर्ट में पता चलल कि एंड्रॉइड में कई गो कमी बतावल गइल बा। एकरा मदद से स्कैमर्स लोगन के जरूरी आ संवेदनशील जानकारी पावे, एडवांस कंट्रोल पावे, मनमाना कोड एग्जीक्यूट करे भा टारगेट सिस्टम प्रभावित करेला।

एंड्रॉइड सिस्टम में हो रहल ई समस्या फ्रेमवर्क, सिस्टम, एएमएलओजिक, आर्म एलिमेंट, मीडियाटेक एलिमेंट, क्वालकॉम एलिमेंट आ क्वालकॉम क्लोज सोर्स एलिमेंट में कमी के कारन हो रहल बा।

ए डिवाइसन पऽ पड़ी प्रभाव

बता दी कि सरकार इहो बतवलस कि कौन डिवाइस एकरा से प्रभावित होला। इहाँ हम रऊआ के वो सब एंड्रॉइड वर्जन के बारे में बताइब , जवना में कमी हो सकत बा।

एंड्रॉइड 11

एंड्रॉइड 12

एंड्रॉइड 12L

एंड्रॉइड 13

एंड्रॉइड 14 आ अन्य एंड्रॉइड वर्जन

कइसे रहीं सुरक्षित

जदि रऊआ ए समस्या से बचे के चाहत बानी तऽ रऊआ अपना फोन के लेटस्ट सॉफ्टवेयर में अपडेट कर सकत बानी। एकरा खातिर रऊआ हमनी के ओर से बतावल गइल स्टेप्स के फॉलो करे के पड़ी।

सबसे पहिले अपना स्मार्टफोन भा टैबलेट पऽ सेटिंग्स खोली।अब सेटिंग में जाके सॉफ्टवेयर अपडेट पऽ टैप करीं। जदि कवनो अपडेट उपलब्ध बा तऽ ओकरा के इंस्टॉल करीं।एकरा डाउनलोड आ इंस्टॉल होखे के इंतजार करीं।एक बार अपडेट हो गइला के बाद रऊआ आपन फोन के री-स्टार्ट करीं।

Tags :
Advertisement