टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

झारखंड में जातीय सर्वेक्षण कराई सोरेन सरकार, विधानसभा चुनाव से पहिले कैबिनेट के बड़ा फैसला

11:49 PM Jun 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Ranchi: Newly sworn-in Jharkhand Chief Minister Champai Soren after the oath ceremony, in Ranchi, Friday, Feb. 2, 2024.(IANS/CMO)
Advertisement

झारखंड के सोरेन सरकार राज्य में जातीय सर्वेक्षण कराई। ई निर्णय सीएम चंपई सोरेन के अध्यक्षता में बुध के भइल कैबिनेट के बैठक में लिहल गइल। एकरा खातिर झारखंड कार्यपालिका नियमावली में संशोधन करत कार्मिक आ प्रशासनिक सुधार विभाग के जातीय सर्वेक्षण के दायित्व सउपल गइल।

Advertisement

ई जानकारी सरकार के कैबिनेट सेक्रेटरी वंदना डाडेल देली। कैबिनेट में पारित प्रस्ताव में कहल गइल बा कि जातीय सर्वेक्षण के उद्देश्य राज्य में अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति आ ओबीसी वर्ग के आनुपातिक समानता के अवसर प्रदान कइल गइल बा।

कैबिनेट के ओर से पारित प्रस्ताव में फिलहाल ई तय नइखे भइल कि जातीय सर्वेक्षण के प्रक्रिया का होई आ एकर सुरुआत कब से होई। एकर पूरा रूपरेखा कार्मिक आ प्रशासनिक सुधार विभाग तय करी।

बिहार में जातीय सर्वेक्षण पूरा होखला के बाद झारखंड दूसरका राज्य हs, जवन एह तरे के सर्वेक्षण करावे के निर्णय लेले बा। एकरा के अक्टूबर-नवंबर में राज्य में संभावित विधानसभा चुनाव के पहिले राज्य के जेएमएम-कांग्रेस-आरजेडी गठबंधन सरकार के बड़ा फैसला मानल जा रहल बा।

एकरा पहिले राज्य सरकार राज्य में 49 नगर निकायन के कार्यकाल पूरा होखला के बादो एकनी के चुनाव ओबीसी आरक्षण के प्रतिशत तय करे के नाम पs रोक देले रहे।

सरकार के कहनाम बा कि नगर निकायन के चुनाव में ओबीसी के आरक्षण दिहल जाई। एकरा खातिर राज्य के पिछड़ा वर्ग आयोग के ओबीसी आबादी के सर्वेक्षण के दायित्व सउपल गइल बा। फिलहाल सर्वेक्षण के काम सुरू नइखे हो सकल।

Tags :
Bhojpuri NewsCaste CensusCaste Census in Jharkhandjharkhand newsJharkhnad Cabinet DecisionSoren Government
Advertisement
Next Article