टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

देर रात कईयो राज्यन के बदल दिहल गइल राज्यपाल, जानीं केकर कहां पs भइल नियुक्ति; देखीं पूरा लिस्ट

07:38 AM Jul 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

राष्ट्रीय राजधानी में शनिचर के देर रात कई राज्यन के राज्यपालन के नियुक्ति के एलान कइल गइल. एह संबंध में राष्ट्रपति भवन के ओर से एगो विज्ञप्ति भी जारी कईल गईल बा, जवना में सभ राज्यपाल के नाया नियुक्ति के बारे में जानकारी दिहल गईल बा। जारी विज्ञप्ति के मुताबिक लक्ष्मण प्रसाद आचार्य के असम के राज्यपाल बनावल गईल बा अवुरी उनुका के मणिपुर के अतिरिक्त प्रभार भी दिहल गईल बा। गुलाब चंद कटारिया के पंजाब के राज्यपाल बनावल गइल बा. जारी विज्ञप्ति के मुताबिक गुलाब चंद कटारिया के जगह लक्ष्मण प्रसाद आचार्य के नाम लेहले बाड़े। एकरा अलावे गुलाब चंद कटारिया के केंद्र शासित प्रदेश चंडीगढ़ के प्रशासक के रूप में भी नियुक्त कईल गईल बा।

बनवारीलाल पुरोहित के इस्तीफा 

प्रेस विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू पंजाब के राज्यपाल आ चंडीगढ़ के प्रशासक पद से बनवारीलाल पुरोहित के इस्तीफा स्वीकार कs लिहले बाड़ी. विज्ञप्ति के मुताबिक, "सिक्किम के राज्यपाल लक्ष्मण प्रसाद आचार्य के असम के राज्यपाल नियुक्त कईल गईल बा अवुरी उनुका के मणिपुर के राज्यपाल के अतिरिक्त प्रभार भी दिहल गईल बा।" सी पी राधाकृष्णन के जगह झारखंड के नया राज्यपाल संतोष कुमार गंगवार बनले।

बयान में कहल गइल बा कि हरिभाऊ किसनराव बागड़े के राजस्थान के राज्यपाल बनावल गइल बा. एकरा अलावे जिष्णु देव वर्मा तेलंगाना के राज्यपाल रहीहें जबकि ओम प्रकाश माथुर सिक्किम के नयका राज्यपाल होखीहें. विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि छत्तीसगढ़ के राज्यपाल रमेन डेका आ मेघालय के राज्यपाल सीएच विजयशंकर के नियुक्ति कइल गइल बा. बयान में कहल गईल कि उनुका प्रभार ग्रहण के तारीख से इs नियुक्ति प्रभावी होई। बयान में कहल गइल बा कि ई नियुक्ति ओह तारीख से प्रभावी होखी जब ऊ लोग अपना अपना कार्यालय के प्रभार संभाल ली.

 

 

 

Tags :
Draupadi MurmugovernorGovernorsGovernors of many states were changed late at nightPolitics newsPolitics News in Bhojpuriहरिभाऊ किसनराव बागड़े
Advertisement
Next Article