टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Govinda के लाइसेंसी रिवॉल्वर सीज, गोलीकांड के बाद मुंबई पुलिस लेलस बड़ एक्शन

10:40 AM Oct 02, 2024 IST | Sonu Kishor
एक्टर गोविंदा के लागल गोली: फोटो
Advertisement

मंगर के सबेरे गलती से गोविंदा के गोड़ में गोली लागे के खबर से सनसनी पैदा हो गइल। घायल गोविंदा के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गइल जहां फिलहाल उनकर हालत खतरा से बाहर बा। खबर के मुताबिक मुंबई पुलिस एह मामला के संज्ञान में लेके अभिनेता के लाइसेंसधारी रिवाल्वर जब्त कऽ लेले बिया।

Advertisement

मनोरंजन जगत में दिन भर गोविन्द के नांव चर्चा के विषय बनल रहल जवना के वजह उनका गोड़ में रिवाल्वर के गोली लागल आ उऽ घायल हो गइले। उनका के तुरंत मुंबई के जुहू के कीर्तिकरे अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां डॉक्टर के इलाज के बाद गोली निकालल गइल आ गोविंदा फिलहाल खतरा से बाहर बाड़े।

दूसर ओर मुंबई पुलिस एह मामला के जांच शुरू कऽ देले बिया आ ओकरा आधार पs अभिनेता के लाइसेंसधारी रिवाल्वर जब्त क लिहल गइल बा।

पुलिस गोविंदा के रिवाल्वर जब्त के लेलस

मंगर के गोविंदा के गोड़ में गोली लागे के घटना सभके हिला देलस। उनकर परिवार के सदस्य आ शत्रुघ्न सिन्हा जइसन बहुत फिल्मी स्टार गोविंदा के स्वास्थ्य के बारे में पूछताछ खातिर अस्पताल पहुंचले। खबर के मुताबिक मुंबई पुलिस ए गोलीबारी के संज्ञान में लेके अभिनेता के लाइसेंसधारी रिवाल्वर जब्त कऽ के जांच खातिर आगे भेज देले बिया। ताकि पता चल सके कि गोविंदा के लागल 9 मिमी के गोली ओही रिवाल्वर से चलल रहे कि ना।

 

Tags :
Actor GovindaBollywood newsBollywood news bhojpurigovinda Bollywood actor
Advertisement
Next Article