टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News : शिक्षा विभाग विश्वविद्यालयन के ग्रांट रोकलस : शिक्षकन के संगे-संगे कर्मचारियन के वेतन रूकल

12:23 PM Aug 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
डॉ. एस सिद्धार्थ, एसीएस, शिक्षा विभाग।
Advertisement

विश्वविद्यालय के मिले वाला ग्रांट पs बिहार सरकार रोक लगा देले बा। ग्रांट ना मिलला से विश्वविद्यालय के शिक्षक आ कर्मचारियन के वेतन भुगतान नइखे हो पावत। जुलाई महीना के वेतन नइखे मिल पाइल।

Advertisement

ग्रांट रोकला से पेंशनभोगी प्रभावित हो रहल बा। डॉ. एस सिद्धार्थ के आदेस पs शिक्षा सचिव वैद्यनाथ यादव आदेस जारी कइले बाड़ें। शिक्षा विभाग विश्वविद्यालयन के अनुदान पs रोक लगावे के जानकारी विश्विद्यालय कुलपतियन के दे देले बाड़ें।

जारी कइल गइल पत्र

सोमार के शिक्षा सचिव बैद्यनाथ यादव के सिंगनेचर से जारी पत्र में एगो निरदेस के बारे में बतावल गइल बा। कुलपतियन के कहल गइल बा कि सब विश्वविद्यालयन के ओर से डाटा अपलोड कइल जाये के काम के समीक्षा कइल जा रहल बा।

पे-रौल मैनेजमेंट पोर्टल पs काम कs रहल शिक्षक आ शिक्षकेतर कर्मियन के वेतन के अलावे पेंशन, पारिवारिक पेंशन आ अतिथि शिक्षकन से संबंधित आंकड़ा अपलोड करे के सुविधा दिहल जा चुकल बा। एह वजह से पे-रौल मैनेजमेंट पोर्टल पs जरूरी डाटा अपलोड करावे के कार्रवाई कइल जाई। एकरा के बिना देर कइले पूरा कइल जावs। डाटा अपलोड कइला के बादे ग्रांट दिहल जाई।

खाली 61 प्रतिशत डाटा अभी ले उपलब्ध

शिक्षा विभाग पे रोल मैनेजमेंट के समीक्षा कइलस। एमे शिक्षा विभाग मगध विश्वविद्यालय के पे रौल मैनेजमेंट पोर्टल पs अपलोड डाटा के इस्थिति के समीक्षा कइलस। एमे पावल गइल कि विश्वविद्यालय खाली 61 प्रतिशत डाटा अपलोड कइल गइल बा। एह इस्थिति पs शिक्षा विभाग असंतोष जतवले बा। एह वजह से बिहार के विश्वविद्यालयन के जुलाई के अनुदान पs सरकार रोक लगा देले बिया। ई कार्रवाई शिक्षा विभाग कइले बा।

पिछला महीना मिलल रहे आदेस 

शिक्षा अपर मुख्य सचिव डॉ. एस सिद्धार्थ 20 जून के कुलपतियन के आदेश देले रहे कि संबंधित विश्वविद्यालयन में स्वीकृत पद आ उसके विरुद्ध कार्यरत शिक्षकों और कर्मचारियों के वेतन और पेंशन के अलावा गेस्ट टीचर का डाटा पे-रौल मैनेजमेंट पोर्टल पर अपलोड करें। डाटा अपलोड करने के साथ ही कुलपतियों ने भी इसे उपलब्ध कराने का भरोसा दिया था।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar governmentbihar newsEducation DepartmentGrant Of Universities stopped
Advertisement
Next Article