For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

वजन घटवले में असरदार बा अमरुद के पत्तइ के चाय, रोज पीयले से डायबिटीज भी हो जाई कंट्रोल

12:06 PM Jan 31, 2024 IST | Minee Upadhyay
वजन घटवले में असरदार बा अमरुद के पत्तइ के चाय  रोज पीयले से डायबिटीज भी हो जाई कंट्रोल
Advertisement

आजकल बहुत कम लोग बा जे पूरा तरह से फिट होखे। अधिकांश लोग वजन के लेके चिंतित बाड़े। खराब जीवनशैली, खानपान अवुरी कुछ आदत के चलते वजन में तेजी से बढ़ोतरी होखे लागल बा। अगर रउरा वजन कम करे के बा त एकरा खातिर व्यायाम करे के जरूरत बा। हालांकि व्यायाम के संगे खानपान भी जरूरी बा। मोटापा कम करे खातिर सही खाना खाइल बहुत जरूरी बा। वजन घटावे के आयुर्वेदिक अवुरी कुछ घरेलू उपाय भी अपना सकतानी। एकरा खातिर अमरूद के पत्तइ के इस्तेमाल कईल जा सकता। अमरूद के पत्तइ वजन घटावे में मदद करेला। एकरा से डायबिटीज अवुरी बहुत समस्या भी कम हो जाला। अमरूद के पत्तइ में का होखेला, जवना से मोटापा तेजी से कम हो जाला।

Advertisement

वजन घटावे में अमरूद के पत्तइ कईसे कारगर होखेला?

अमरूद के पत्तइ कैलोरी मुक्त होखेला, जवन कि तेजी से वजन घटावे में मदद करेला। अमरूद के पत्तइ खइला के बाद ढेर देर ले भूख ना लागे आ पेट भरल महसूस होला। अयीसना में आप अस्वास्थ्यकर चाहे जादा खाना खाए से परहेज कs सकेनी। कुछ लोग अमरूद के पत्तइ जइसन बा ओइसने खाला, लेकिन अगर स्वाद पसंद ना आवे तs पतई से रस बना के पी सकेनी। एहसे शरीर में फाइबर मिलेला अवुरी मोटापा कम हो जाला।

अमरूद के पत्तइ के फायदा

1-अमरूद के पत्तइ में जीवाणुरोधी अवुरी रोगाणुरोधी तत्व पावल जाला जवन गैस्ट्रिक अल्सर के दूर राखे में मदद करेला। जेकरा गैस्ट्रिक अल्सर के समस्या बा ओकरा अमरूद के पत्तइ के रस पीये के चाही।

2-अमरूद के पत्तइ में अयीसन बहुत पोषक तत्व मिलेला जवन कि दस्त के समस्या से राहत देवेला। पेट खराब होखे के स्थिति में अमरूद के पत्तइ फायदेमंद साबित होखेला।

3-अमरूद के पत्तइ में अयीसन बहुत पोषक तत्व मिलेला जवन कि कोलेस्ट्रॉल के कम करे में मदद करेला। एतने ना अमरूद के पत्तइ से खून के संचार में भी सुधार होखेला। दिल के बेमारी में भी इs फायदेमंद होखेला।

4-अमरूद के पत्तइ डायबिटीज के मरीज खातीर दवाई के काम करेला। एहसे ब्लड शुगर के स्तर कम हो जाला। डायबिटीज के मरीज के अमरूद के पत्तइ खाए के चाही, ताकि ब्लड शुगर के स्तर नियंत्रण में रहे। रोज सबेरे अमरूद के पत्तइ के काढ़ा पियला से जादे कारगर साबित होखेला।

5- अगर खांसी भा खुजली के समस्या से परेशान बानी तs अमरूद के पत्तइ के सेवन जरूर करीं। एहमें एलर्जी रोधी गुण पावल जाला जवन शरीर के राहत देला।

अमरूद के पत्तइ के सेवन कईसे कईल जाला

अमरूद के पत्तइ चबा के खा सकेनी। एकरा अलावे आप इनकर रस तैयार कs के पी सकतानी। अमरूद के पत्तइ से बनल चाय बहुत कारगर साबित होखेला। सबेरे खाली पेट अमरूद के पत्तइ से बनल चाय के शरीर पs जादा असर पड़ेला। अमरूद के पत्तइ से चाय बनावे के तरीका जानीं।

•सबसे पहिले लगभग 5 – 6 अमरूद के पत्तइ धो के साफ करीं।

•अब कड़ाही में पानी डाल के ओकरा में पतई डाल दीं।

•जब पतई के पकावे में 10 मिनट बीत गईल तs गैस बंद कs दिही।

•एह पेय के छान के सबेरे काली पेट चाय निहन पी लीं।

Tags :
Advertisement