टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gujarat: चांदीपुरा वायरस के 50 केस मिलल, 16 के मौत हो गइल

10:24 AM Jul 21, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

गुजरात में चांदीपुरा वायरस के 50 मामला सामने आइल बा जवना में 16 लोग के जान गइल बा। गुजरात के स्वास्थ्य मंत्री रुशिकेश पटेल ई जानकारी दिहले बाड़न।

Advertisement

गुजरात के स्वास्थ्य मंत्री रुशिकेश पटेल कहले कि राज्य भर में चांदीपुरा वायरस के 50 मामला सामने आइल बा आ 16 लोग के जान गइल बा। पटेल बतवले कि, हिम्मतपुर में चांदीपुरा वायरस के 14 मामला सामने आइल बा, जवना में से 7 मरीज के भर्ती करावल गइल बा। चंडीपुरा वायरस के तीन गो मामला दोसरा राज्य से आइल बा । अभी तक पूरा राज्य में चंडीपुरा वायरस के 50 मामला सामने आइल बा आ 16 लोग के जान गइल बा। ऊ आगे कहले कि हर गांव आ सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र के एकरा बारे में सचेत कइल गइल बा। एकरा संगे-संगे मुख्यमंत्री कलेक्टर, मुख्य जिला स्वास्थ्य अधिकारी (सीडीएचओ) आ मेडिकल कॉलेज के संगे बैठक कइले बाड़े। ऊ आगे कहले कि, गुजरात में बच्चा में चंडीपुरा वायरस के लक्षण मिलल बा, जवना से कुछ डर पैदा भइल बा। सात गो केस के प्रयोगशाला परीक्षण खातीर पुणे भेजल गइल, जवना में से सिर्फ एक में चांदीपुरा वायरस पावल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri khabarbig breakingbreaking newschaandipura virusesdeath due to chaandipura virusGujratkhabar bhojpuri news specialvirus
Advertisement
Next Article