टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गुजरात: टीआरपी गेम जोन हादसा में 27 लोगन के गईल जान, CM भूपेंद्र पटेल आ गृह मंत्री हर्ष सांघवी लिहले जायजा; दिहले निर्देश

09:02 AM May 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

शनिचर का साँझ के राजकोट शहर के ‘टीआरपी गेम जोन’ में लागल भारी आग के चलते अबहीं ले 27 लोग के मउत हो चुकल बा. दुर्घटना के बाद सभ अधिकारी अवुरी कर्मचारी मौका पs राहत अवुरी बचाव के काम में लागल बाड़े। बतावल जा रहल बा कि मरेवाला लोग के संख्या भी बढ़ सकेला। दुर्घटना के बाद गुजरात के सीएम भूपेंद्र पटेल अवुरी गृहमंत्री हर्ष सांघवी भी मौका पs पहुंच गईले। इहाँ पहुंचला के बाद उs घटना स्थल के जायजा लेले अवुरी मौका पs चलत राहत अवुरी बचाव अभियान के स्थिति के बारे में अधिकारी से जानकारी लेले। संगही, उs अधिकारी के बचाव के काम में तेजी ले आवे के निर्देश देले।

सीएम मुआवजा के एलान कइले

मुख्यमंत्री भूपेंद्र पटेल हर मरेवाला के परिवार के चार लाख अवुरी हरेक घाही के 50 हजार रुपिया के रकम देवे के घोषणा कईले बाड़े। सीएम इंस्टाग्राम पs एगो पोस्ट में लिखले कि, "राजकोट में लागल आग के घटना दर्दनाक बा। हम अपना जान गंवावे वाला लोग अवुरी परिवार के प्रति संवेदना व्यक्त करतानी। हम भगवान से घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के प्रार्थना करतानी।" उ लिखले कि, राज्य सरकार मरेवाला के परिवार के चार लाख अवुरी घाही के 50 हजार रुपिया के सहायता राशि दिही। एह तरह के घटना दोबारा ना होखे के सुनिश्चित कइल बहुते जरूरी बा.कवनो तरह के लापरवाही बरदाश्त ना कइल जाई आ पूरा घटना के जाँच विशेष जांच दल (एसआईटी) के सौंप दिहल गइल बा.

गृहमंत्री अधिकारी के निर्देश देले

गुजरात के गृहमंत्री हर्ष सांघवी कहले कि, "राजकोट में बहुत दुखद घटना भईल बा। एs घटना में परिवार के बहुत लोग अपना प्रियजन के खो देले अवुरी बहुत बच्चा के मउत भी हो गईल बा। एसआईटी सबेरे 3 बजे ले जांच शुरू कs देलस। अयीसन करे के निर्देश दिहल गईल बा। जवना विभाग के तहत खेल मैदान के निर्माण के जिम्मेदारी दिहल गईल बा, ओकरा के आज सबेरे तीन बजे ले कलेक्टर कार्यालय में मौजूद रहे के निर्देश दिहल गईल बा।

गेम जोन के मालिक आ प्रबंधक के हिरासत में लिहल गइल

पुलिस के कहनाम बा कि, 'गेम जोन' के मालिक अवुरी प्रबंधक के हिरासत में लेके पूछताछ खातीर थाना पहुंचावल गईल। मामला के जांच खातीर राज्य सरकार एगो विशेष जांच दल (एसआईटी) के गठन कईले बिया। अधिकारी बतवले कि शाम के करीब साढ़े चार बजे गेमिंग गतिविधि खातीर बनल फाइबर संरचना में आग लाग गईल, जवना के बाद प्रभावित टीआरपी गेम जोन में राहत अवुरी बचाव के काम चलता। उs बतवले कि भारी आग लगला के चलते ढांचा ध्वस्त हो गईल।

12 साल से कम उमिर के 4 लइकन के मउत

आगलागी के घटना में 27 लोग के मौत के पुष्टि भईल पुलिस सहायक आयुक्त राधिका भराई बतवली। लाश पूरा तरह से जरल बा अवुरी एकर पहचान कईल मुश्किल बा।'' एसीपी विनायक पटेल बतवले कि मरेवाला लोग में 12 साल से कम उमिर के कम से कम चार बच्चा शामिल बाड़े। जिल्ला अधिकारी बतवले कि बचाव अभियान जारी रहला से मरे वालन के संख्या बढ़े के संभावना बा। प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक इs दुर्घटना नाना-मावा रोड पs स्थित गेम जोन में भईल जब बच्चा समेत बहुत लोग खेलत रहले। सरकार घटना के जांच के काम अपर पुलिस महानिदेशक सुभाष त्रिवेदी के नेतृत्व में पांच सदस्यीय विशेष जांच दल (एसआईटी) के सौंप देले बिया।

 

 

Tags :
fireGujaratRajkotRajkot Fire
Advertisement
Next Article