टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गुजरात के एह यूनिवर्सिटी में छात्र पढ़ले नमाज, VHP-बजरंग दल के हंगामा

11:46 AM Sep 26, 2024 IST | Sonu Kishor
गणपत विश्वविद्यालय में छात्रन के ओर से नमाज पढ के वीडियो वायरल
Advertisement

Gujarat News: गणपत विश्वविद्यालय में छात्रन के नमाज चढ़ावे के वीडियो वायरल भइला का बाद विश्व हिन्दू परिषद आ बजरंग दल के विरोध भइल। विश्वविद्यालय कहलस कि नयका छात्र एह नियम से अनजान बाड़े आ भविष्य में सावधान रहे के भरोसा देले बाड़े। अब मामला के समाधान हो गइल बा।

Advertisement

गुजरात के मेहसाणा में इस्थित गणपत विश्वविद्यालय के कुछ नया छात्र कैंपस में नमाज के पढ़ले, सोशल मीडिया पs जब एह घटना के वीडियो वायरल भइल तऽ हंगामा मच गइल। विश्व हिन्दू परिषद अउरी बजरंग दल के कार्यकर्ता मंगर के विश्वविद्यालय के बहरी विरोध प्रदर्शन कइले। एह दौरान हनुमान चालीसा आ राम धुन के पाठ कइलन आ गोमूत्र छिड़क दिहलन। विश्वविद्यालय बुध के एगो बयान जारी कऽ कहलस कि वीडियो में देखाई देवे वाला छात्र नाया बाड़े आ नियम से अनजान बाड़े।

विरोध के वीडियो वायरल हो गइल

VHp अउरी बजरंग दल के कहनाम बा कि उऽ लोग शैक्षणिक संस्थान में अइसन धार्मिक गतिविधि के विरोध करऽतारे। VHP प्रवक्ता हितेन्द्र सिंह राजपूत बतवले कि जब VHP आ बजरंग दल के कार्यकर्ता के नमाज पढ़े के विरोध करेवाला स्थानीय छात्र से एह घटना के जानकारी मिलल तऽ उऽ लोग प्रदर्शनकारी के संगे शामिल होखे खातिर कैंपस में पहुंच गइले। हमनी के शैक्षणिक संस्थान के परिसर के भीतर नमाज पढे जइसन धार्मिक समारोह के विरोध करतानी। एह विरोध के वीडियो भी वायरल हो गइल।

यूनिवर्सिटी का कहलस ? उहे बुध के यूनिवर्सिटी के प्रवक्ता भीखेश भट्ट एगो वीडियो बयान जारी कइले। उऽ कहले कि यूनिवर्सिटी कैंपस में कुछ नया छात्र नमाज अदा करत पावल गइले। हो सकऽता कि उनका लो के यूनिवर्सिटी के नियम आ कायदन के जानकारी ना होखे। उऽ कहले कि हमनीं एह बारे में पता ना रहे। छात्र नया रहले बाकिर हमनीं भविष्य में सावधान रहब। उऽ कहले कि मामला अब सुलझ गइल बा।

Tags :
Gujrat newsGujrat news bhojpuriguni university
Advertisement
Next Article