For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दिल्ली एयरपोर्ट के बाद अब राजकोट हवाई अड्‌डा के छत गिरल

01:46 PM Jun 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
दिल्ली एयरपोर्ट के बाद अब राजकोट हवाई अड्‌डा के छत गिरल
Advertisement

Advertisement

दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के छत गिरला के बाद राजकोर्ट हवाई अड्डा के छत गिरला के घटना सोझा आईल बा। राजकोट के हिरासर में बनल अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के छत के एगो बड़ हिस्सा बरखा में गिर गईल। राजकोट हवाई अड्डा के घटना में सौभाग्य के बात इs रहे कि कवनो जान-माल के नुकसान ना भईल। एयरपोर्ट डायरेक्टर दिंगत बहोरा के मुताबिक बरखा के चलते एयरपोर्ट के सोझा छत पs पानी भर गईल। एकरा चलते इ दुर्घटना भईल। बहोरा कहले कि एs घटना में केहु घाही नईखे भईल।

Tags :
Advertisement