टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मेक्सिको के एगो पार्टी में बंदूकधारी घुसके मचइले तांडव, गोलीबारी में 6 लोगन के मउत आ 26 घायल

01:29 PM Dec 30, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मेक्सिको में नया साल शुरू होखे से महज 3 दिन पहिले मातम मच गइल। बंदूकधारी एगो पार्टी में हंगामा मचवले बाड़े। पार्टी में मस्ती करत लोग के बीच अचानक बंदूकधारी घुस गईले अवुरी गोली चलावे लगले अवुरी दहशत फैलावे लगले। लोग जल्दी-जल्दी आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर दौड़े लागल। एह दौरान बहुत लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले। एह घटना के खबर बियफे के सबेरे उत्तरी मैक्सिको में मिलल जहाँ तीन गो बंदूकधारी पार्टी में फूट पड़ले आ गोली चला दिहले। ए घटना में अबे ले 6 लोग के मउत हो चुकल बा अवुरी 26 लोग घाही हो चुकल बाड़े।

मरेवाला में से दु लोग के उमिर 18 साल से कम बा अवुरी घाही में पांच बच्चा शामिल बाड़े। एकरा से बंदूकधारी के खतरनाक मंशा के समझल जा सकता। अपराधी फायरिंग करत घरी बच्चा तक ना बख्शले। सभे घाही के नजदीक के स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। घाही में से चार लोग के हालत गंभीर बतावल जाता। जबकि 13 लोग के इलाज के बाद छुट्टी दे दिहल गईल। सीमावर्ती राज्य सोनोरा के अभियोजकन के कहना बा कि ई हमला स्यूदाद ओब्रेगॉन शहर में एगो पार्टी के दौरान भइल जहाँ गिरोह के सदस्य पs आशंका बा।

 

 

Tags :
FiringGunmanMexicomexico cityPeople Deadpolice
Advertisement
Next Article